नयी दिल्ली 04 जनवरी (वार्ता) राजधानी दिल्ली मे सरकार बनवला से उत्साहित आ आपा अब अपना नेता अरविंद केजरीवाल के देश के प्रधानमंत्री बने के सपना देखे लागल बिया.
बाकिर अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि उ लोकसभा के चुनाव ना लड़ीहें. आ के प्रधानमंत्री बनी इ बात खास ना होके जनता के महँगाई आ भठियरपन से बचावल खास होखे के चाहीं.
कांग्रेस चुटकी लेत कहले बिया कि देश में एह घरी प्रधानमंत्री बने के सपना अनेके मुख्यमंत्री देखे लागल बाड़े त इ काहे पीछे रहि जासु. कांग्रेस के महासचिव आ दिल्ली कांग्रेस के प्रभारी शकील अहमद कहलन कि चुनाव लड़े आ प्रधानमंत्री बने के मनसा राखे में कवनो गलती नइखे. सभे के एकर अधिकार बा.