नयी दिल्ली, 09 जनवरी (वार्ता) आ आपा के राष्ट्र आ जनता विरोधी नीतियन का खिलाफ भाजपा दिल्ली में राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के समाधि राजघाट प काल्हु दस जनवरी के धरना दी, एह बारे में बतावत प्रदेश इकाई अध्यक्ष विजय गोयल आ पहिले अध्यक्ष रहल विजेन्द्र गुप्ता कहले कि कश्मीर मुद्दा पर जनमत संग्रह के बात, बटला हाउस मुठभेड पर संदेह कइल आ दिल्ली के कांग्रेसी नेतवन के भठियरपन के अछरंग से बचावल आ आपा के अवसरवादिता देखावत बा,

गोयल कहले कि विधानसभा चुनाव मे महंगाई आ भठियरपन के बड़हन मुद्दा बनावे वाला अरविंद केजरीवाल के एजेडा से अब भठियरपन आ महँगाई गायब हो गइल बा, आआपा के सरकार बनला का बाद से पानी, सीएनजी, रसोई गैस, पेट्रोल आ डीजल के दाम बढ गइल, पिछला दरवाजा से कांग्रेस के समर्थन लिहला का बाद से अरविंद केजरीवाल अब शीला दीक्षित का खिलाफ सबूत माँगत बाड़न जबकि केजरीवाले एह बारे में 370 पन्ना के अभियोग पत्र जारी कइले रहुवन, मजे के बात त इ बा कि राष्ट्रमंडल खेलन में भइल भठियरपन के मुख्य आरोपी आ दिल्ली सरकार मे अधिकारी रहल उदय सहाय अब आ आपा में शामिल हो गआल बाड़े,

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d