जालंधर .10 जनवरी (वार्ता) आम आदमी पार्टी एलान कइले बिया कि उ पंजाब के सगरी तेरह लोकसभा सीट से चुनाव लड़ी. आ आपा के राष्ट्रीय संयोजक संजय सिंह बतवले कि आ आपा अकेले चुनाव लड़ी आ ओकर मकसद रही कि अकाली भाजपा गठबंधन आ कांग्रेस दुनू के सफाया कर दे.
संजय सिंह मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल सरकार के चेतवले कि अगर उ अपना हरकतन से बाज ना आइल त पंजाब में जन आंदोलन खडा कइल जाई. राजस्व मंत्री बिक्रमजीत मजीठिया के खिलाफ लागल आरोपन के जाँच उच्च न्यायालय भा उच्चतम न्यायालय के मौजूदा जज से करावे के माँग कइलन संजय सिंह.