आजु भोरे एगो पत्रकार सम्मेलन बोला के आ आपा विधायक विनोद कुमार बिन्नी अरविंद केजरीवाल के तानाशाह कहले. कहलन कि जनता के बेवकूफ बना के केजरीवाल कवनो तरह बस गद्दी प बनल रहल चाहत बाड़े. बिन्नी इहो कहलन कि पार्टी के सगरी फैसला बंद कमरा में चार पाँच लोग मिल के क लेत बा.
बिन्नी कहलन कि उ टिकट माँगे ना गइल रहले बाकि उनुका प लालची होखे के तोहमत लगावल जात बा. सगरी काम कांग्रेस से मिल के होखे लागल बा. केजरीवाल कांग्रेस के एके फोर्टीन बन गइल बाड़े. कुर्सी पावते सब कुछ भुला गइल बाड़े केजरीवाल आ आजु ले केहु पर भठियरपन के मामिला शुरू नइखे भइल.
बिन्नी कहलन कि पहिले कहल जात रहुवे कि सरकार बनवला का पन्द्रह दिन का भीतत जनलोकपाल बिला पास क दीहल जाई. आजु ले ओह प कवनो काम नइखे भइल. पानी आ बिजली का बारे मे जनता से धोखा कइल जात बा.
बिन्नी के आरोप से तिलमिलाइल आ आपा का तरफ से कहल गइल बा कि बिन्नी के अनुशासनहीनता खातिर नोटिस दीहल जाई आ पार्टी का खिलाफ काम करे के चलते उनका पर एक्शन लीहल जाई.
एह बात प बिन्नी कहलन कि अगर जनता के बात उठावल अनुशासनहीनता ह त उ इ काम हजार बेर करीहें.
आ आपा में अचानक कई लोग बागी भा असंतुष्ट लेखा लागे लागल बा. आ अधिकतर आरोप सही लागत बा.