भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन शुक्ला आजु दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइलन. याज करीं कि पिछला बेर रविकिशन जौनपुर लोकसभा सीट से कांग्रेस का टिकट प किस्मत अजमवले रहन. दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष बनावल जा चुकल मनोज तिवारी से इनकर कम्पीटिसन भोजपुरी सिनेमा उद्योग में चलत रहल आ आजु दूनू सुपर स्टार एके साथ भाजपा मे बाड़ें त एकर असर भोजपुरिया समाज प पड़ळ स्वाभाविक बा. भाजपा अब दिल्ली में मनोज तिवारी का सहारे त पूर्वांचल में रविकिशन का सहारे आपन ताकत जरुरी बढ़ा ली. अलग बाति बा कि भाजपा के ताकत पहिलहीं से बढ़ल बा आ एही चलते इहो लोग भाजपा साथे आइल सकरले बा. राष्ट्रप्रेमी हर अदमी आजु भाजपा के जीत देखल चाहत बा. भोजपुरी फिलिमन का साथही रविकिशन बहुते टीवी सीरियल आ बॉलीवुड फिलिमन में काम क चुकल बाड़ें. 300 से बेसी भोजपुरी फिलिमन में काम क चुकल रविकिशन अमिताभ बच्चन का साथे भोजपुरी फिलिम गंगा में नायक रहलन.

वाराणसी जिला पुलिस आज मिर्जामुराद इलाका से कसाई किहाँ ले जाइल जात दू दर्जन मवेशियन लदले एगो ट्रक के अपना कब्जा में ले लिहलसि. बाकिर कवनो पषु तस्कर धराइल ना काहे कि सब भाग गइले सँ.

गोरखपुर के गुलहरिया इलाका में झूंगिया बाजार के एगो बूढ़ सड़क पार करत घरी कवनो गाड़ी का चपेटा में पड़ के बहुते घवाहिल हो गइल. ओकरा के इलाज ला गोरखपुर मेडिकल कालेज में भरती करावल गइल बाकिर ओकरा के बचावल ना जा सकल आ ओकर मौत हो गइल.

यूपी विधानसभा चुनाव के नजर में राखत निर्वाचन आयोग के उड़नदस्ता, पुलिस टीम अउर आयकर विभाग के कइल कार्रवाई में अबले करीब 110 करोड़ के नकदी घराइल बा. आजुऔ साढ़े सताइस लाख से अघिका के नकदी धराइल बा.

रोहतास जिला के सासाराम नगर से आजु होत फजीरे भइल पुलिसिया कार्रवाई में एगो बदनाम अपराधी अनवर अंसारी 250 पाउच देशी शराब का साथे धरा गइल. ओकरा प साल 2015 में भइल दू गो हत्या समेत अनेके अपराधन के मामिला दर्ज रहल आ पुलिस ओकरा के खोजत रहुवे.

रोहतासे जिला के काराकाट इलाका से एगो एएसआई अउर एगो सैप जवान के बालू लाद के जात ट्रकन से अवैध वसूली करे का आरोप में गिरफ्तार क लीहल गइल बा.

गोपालगंज जिला के विजयीपुर इलाका के रामपुर गांव के एगो तीन गो बचवन के माई पारिवारिक कलह से आजिज आ के फाँसी प लटक के आपन जान दे दिहलसि.

गोपालेगंज के बैकुंठपुर इलाका में एगो निजी अस्पताल में डेलीवरी का दौरान टेरुआ गांव के एगो औरत आ ओकरा बचवो के मौद हो गइल जवना का बाद खिसियाइल घर वाले जम के बवाल कटलें.

मऊ जिला के मधुबन इलाका में आजु डढवल गांव का लगे रोडवेज बस आ मोटरसाइकिल के टक्कर में नौजवान मोटरसाइकिल चालक के मौत हो गइल. मरेवाला नवही मधुबन इलाका के मर्यादपुर पुरवा के रहुवे.

यूपी विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के चुनाव आजु शान्ति से चलत बा आ दुपहरिया दू बजे ले 40 फीसदी से बेसी वोट पड़ चुकल बा. आजु 12 जिलन के 69 सीट ला वोटिंग कइल जा रहल बा. यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह आ यूपी के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती समेत अनेके दिग्गज आजु आपन वोट डललन.

गाजीपुर के गहमर इलाका में काल्हु भइल सड़क हादसा में एगो लइका के मौत का बाद ओकरा गोँव के लोग जम के बवाल काटल आ दू गो ट्रक जरवला का साथही थानो पर तूड़फाड़ कइले रहुवे, आजु एह मामिला में डेढ़ दर्जन से अधिका लोग के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

देवरिया जिला के बरहज सीट से बसपा विधायक रहल आ राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन घोटाला में आरोपी रहल राम प्रसाद जायसवाल के लमहर दिन का बेमारी का बाद काल्हु हरियाणा के गुरूग्राम के एगो निजी अस्पताल में मौत हो गइल. उनुकर उमिर 59 बरीस रहुवे. दस दिन पहिले उनुका के एहीजा भरती करावल गइल रहे.

न्यायप्रिय राजा विक्रमादित्य के चलावल आ हिन्दू समाज में प्रचलित विक्रम संवत के नयका साल के शुरुआत 28 मार्च से शुरु होखी. एगो विद्वत समाज के बइठक में एकर निर्णय लीहल गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के नौतन इलाका के धूमनगर गांव में आजु एगो घर में आग लाग गइला का चलते 62 बरीस के एगो बूढ़ के मौत हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: