नयी दिल्ली।9 दिसंबर (वार्ता) केन्द्रीय गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे आज कहलन कि दिल्ली मे आम आदमी पार्टी (आ आपा) के सरकार बनावे ला अउरी समय देबे ला केन्द्र तइयार बा.
शिंदे कहलन कि केन्द्र एह बारे में कवनो बाधा खतम कइल चाहत बा आ आ आपा के अउरी समय देबे ला तइयार बा. केन्द्र दिल्ली के राज्यपाल से पूछले बावे कि उ बतावसु कि आ आपा के कतना समय चाहीं.
जान जाईं कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में दुसरका जगहा आइल आ आपा के अठाइस गो विधायक जीतल बाड़े आ कांग्रेस से आठ गो विधायकन के समर्थन का बाद उनुका लगे पूरा बहुमत हो गइल बा.