भाजपा खातिर उसर रहल जमीन के उपजाऊ बनावे के बीया बो गइले मोदी

Lotus-symbolवाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश मे होखत रैलियन मे राम आ कृष्ण के नाम लेबे से कतरात नरेन्द्र मोदी शिव के नगरी काशी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन क के अपना पर भाजपा के एजेण्डा से दूर रहे के आरोपन के मजगर जवाब दे गइले. साथही माता गंगा के नाम प पूर्वांचल के लोग के भावनात्मक रुप से पार्टी से जोड़े के कोशिशो कइलन.

रैली मे आवे से पहिले संकट मोचन आ बाबा विश्वनाथ के दर्शन क के मोदी ओह चरचा के बल दे दिहले जवना में कहल जात बा कि उ बनारस से लोकसभा चुनाव लड़ीहें. बनारस रैली मे मोदी के तइयारी देख लोग अब कहे लागल बा कि उ लोकसभा चुनाव बनारसे से लड़ीहें..

पूर्वांचल के अनेके जिला गंगा किनारे बसल बाड़ी स. एहमें इलाहाबाद, मिर्जापुर, बनारस, चंदौली, गाजीपुर, बलिया शामिल बा. एह इलाका ला गंगा महतारी लेखा हिय जे एहिजा के रोजगारो चलावे में सहायता देले.

नरेन्द्र मोदी गंगा के सहारे भाजपा खातिर पूर्वांचल के उसर जमीन प वोट के फसल बोवे के पूरा कोशिश क गइले. एह इलाका के चौदह गो लोकसभा सीट में से बस एके गो, बनारस सीट, प भाजपा के कब्जा बा. बाकी सीट प दोसर दल के सांसद बाड़े.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up