pub-4188398704664586

भारत के कांग्रेसमुक्त करे के शुरुआत हो गइले .. नरेन्द्र मोदी

by | Dec 15, 2013 | 0 comments

NaMo
देहरादून. 15 दिसंबर (वार्ता) गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा का तरफ से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेद्र मोदी चार राज्यन में काग्रेस के मिलल बड़हन हार के देश के कांग्रेसमुक्त करे के शुरुआत बतवले बाड़न.

नरेन्द्र मोदी अतवार का दिने देहरादून में भाजपा के शंखनाद रैली में भाषण देत कहलन कि अब हमनी के नया सोच, नया संकल्प, आ नया सपना ले के आगे बढ़े के बा.

विकास के दौड मे झारखंड आ उत्तराखंड के पिछडला आ छत्तीसगढ के आगे बढला के वजह नरेन्द्र मोदी बतवले कि ई दुनू राज्य बेर बेर आपन नेता बदलत रहले जबकि छतीसगढ़ भाजपा का पीछे लगातार बनल रहल. तीनो राज्य एके साथ अटल बिहारी बाजपेयी के प्रधानमंत्री रहत में बनावल रहे.

नरेन्द्र मोदी आरोप लगवले कि कांग्रेस उत्तराखंड मे उद्योग आ विकास के अनदेखी कइले बिया. कहलन कि उत्तराखंड देवभूमि ह आ एहिजा के माहौल आध्यात्मिक ह. देशे ना दुनिया भर के लोग शांति का खोज में एहिजा आवे के मौका खोजेला. बस एहिजा के आधारभूत संरचना बनवला के देर बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586