आजु सात जनवरी का दिने यूपी के छतीस गो जिला पंचायतन के अध्यक्ष लोग के चुनाव करावल गइल आ करीब करीब हर जगहा के रिजल्टो सामने आ गइल बा.
एहसे पहिले अड़तीस गो जिला पंचायतन के अध्यक्षन के चुनाव बिना विरोध के हो गइल रहुवे. सगरी समाजवादी गोल के रहलन. बाकिर बाकी जगहन पर एक से अधिका उम्मीदवारन का चलते चुनाव करावे पड़ल.
आज के चुनाव का बाद जौनपुर में सपा के समर्थन पर राजबहादुर यादव, चन्दौली में सरिता सिंह, कुशीनगर में हरीश राणा, वाराणसी में अपराजिता सोनकर, अम्बेडकरनगर में सुधीर सिंह आ गोरखपुर में गीतांजली यादव के जीत भइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d