गाजीपुर 29जनवरी (वार्ता) कबो पूर्वांचल के राजनीति के केन्द्र रहल गाजीपुर के हाल इ हो गइल बा कि राजनीतिक गोलन के चुनाव लड़े ला स्थानीय उम्मीदवार नइखन भेंटात. एही चलते बाहर से आइल उम्मीदवारन के चुनाव लड़वावे पड़त बा.
शुरू कइलसि बसपा जे चंदौली के कैलाश नाथ यादव के टिकट दिहलसि. एकरा बाद सपा बांदा निवासी आ बाबू सिंह कुशावाहा के पत्नी शिवकन्या कुशवाहाके उम्मीदवार बनवलसि. अब एकता मंच एगो बाहबली डी. पी. यादव के ले आइल बावे. डी पी यादव के नाम के एलान एकता मंच के संरक्षक आ सांसद रहल अफजाल अंसारी कइलन.