पटना 29 जनवरी (वार्ता) राज्यसभा के दुबारा उम्मीदवार ना बनवला का चलते जदयू: के बड़का नेता शिवानंद तिवारी नाराज हो गइल बाड़न आ लोकसभा चुनाव लड़े से इंकार क दिहले बाड़न. उनुकर कहना बा कि नीतीश उनुका के बक्सर से लोकसभा चुनाव लड़वा के हरवावल चाहत बाड़न. नीतीश के नीयत उनुका बोली से झलकत बा आ एह चलते शिवानंद तिवारी अइसन गलती ना कर सकसु.
कहलन कि नीतीश उनुका से अतना नाराज बाड़न कि उनका के नकारे का फेर में दू गो बेकसूरो के लटका दिहलन आ एनके सिंह अउर साबिर अलीओ के टिकट काट दिहलन. जबकि साबिर अली एही भरोसा प जदयू मे आइल रहलन कि उनुका के दुबारा राज्यसभा मे भेजल जाई.