ArvindKejriwalनयी दिल्ली. 14 दिसंबर (वार्ता) आ आपा नेता केजरीवाल के कहना बा कि उ कांग्रेस भा भाजपा से तबे समर्थन लीहें जब उ लोग उनकर शर्त माने के तइयार हो जाई. आ जब दुनू मान जइहें तब उ अपना जनता से पूछला का बाद सरकार बनावे प विचार करीहें.

आज सबेरे उपराज्यपाल नजीब जंग से मिलला का बाद अरविंद केजरीवाल पत्रकारन के आपन शर्त सुनवले. कहलन कि मुद्दा प समर्थन मिली तबे सरकार बनइहें सत्ता में आवे खातिर सरकार बनावल उनकर मनसा नइखे. एह बीच केजरीवाल उप राज्यपाल से दस दिन के समय मँगले बाड़न जवना प उप राज्यपाल कुछ ना कहलन.

केजरीवाल के बयान का बाद जनता दल.यू के टिकट प मटियामहल से विधायक शोएब इकबाल अचरज जाहिर करत कहले बाड़न कि अब नइखे लागत कि दिल्ली में कवनो सरकार बन पाई. जइसन शर्त केजरीवाल लगावत बाड़न तवना के माने ला शायदे भाजपा आ कांग्रेस तइयार होखी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d