मशहूर कवि आ गीतकार गोपालदास नीरज काल्हु आगरा में एगो कार्यक्रम में कहलन कि आपन पुरस्कार लवटावे वाला लोग कांग्रेसी चमचा हवे आ बेमतलब मोदी के बदनाम करे खातिर एह तरह के काम कांग्रेसे के उकसवला पर करत बाटे. कहलन कि अगर लवटावहीं के बा त खाली पुरस्कारे काहे, ओकरा साथे मिलल नगदी आ पेंशनो काहे नइखे लवटा देत लोग. कहलन कि आपातकाल में उहो सरकार के विरोध कइले रहलन बाकिर अपना कविता आ गीत से. साहित्यकारन के चाहीं कि अगर विरोध करे के बा त आपन कलम उठावे लोग आ जम के विरोध करे.