It was claimed by the organisers that the online CAT examination will be free from problems as it faced last year. But, yesterday the CAT information website failed to resolve on many browsers as it had malware on the webpage. The problem was solved soon when it came to the knowledge of the organisers. It is said that the malwares were uploaded unwittingly with some pages.
You are always advised to use latest browsers, other than Internet Explorer, like Mozilla, Firefox, Chrome etc to avoid unknowingly going to such sites which carry malwares or harmful software programs and may infect your computers too.

कैट परीक्षा का बारे में जानकारी देबे वाली अधिकृत वेबसाइट पर काल्हु कुछ नुकसानदेह साफ्टवेयर भेंटइला का चलते कुछ लोग ओहिजा ना जा पावल काहे कि सुरक्षित ब्राउजर ओह साइट के खुले ना दिहली स आ जाये वाला लोगन के सावधान कइली स कि ओहिजा मालवेयर, नुकसानी साफ्टवेयर, बावे. बाद में ओह माल वेयर के हटा लिहल गइल बा बाकिर तबो कुछ समय बादे सुरक्षित ब्राउजर, जइसे कि मोजिला, फायरफाक्स, गूगल क्रोम वगैरह ओकरा के खुले दीहें.

पिछला साल कैट के आनलाइन परीक्षा का दौरान जम के गड़बड़ी आ परेशानी भइल रहे. आयोजकन के दावा रहुवे कि एह साल वइसनका समस्या ना आवे दिहल जाई. बाकिर शुरुआते में जवन संकेत मिलत बा ऊ परीक्षार्थियन का मन में संदेह त पैदा करिये दिहले बा. संजोग से जवन साइट पर ई मालवेयर बा ऊ सामान्य जानकारी वाली साइट हवे आ ओहिजा कवनो महत्ववाली दस्तावेज ना जमा होखे. रजिस्ट्रेशन वाली साइट सुरक्षित बा आ उमेद कइल जा सकेला कि आनलाइन परीक्षो वाला साइट परेशानी मुक्त रही.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d