RJD leader and ex central minister Raghuvansh Pd. Singh has criticised Lalu Prasad’s decision to part ways with Congress in previous elections and giving 75 seats to LJP in the present assembly elections. He has said that Congress and RJD both were loosers due to their separate ways. During the present elections LJP has got 75 seats which is way beyond its capacity to give suitable candidates and as a result JD(U)-BJP coalition will get many of those seats.

पुर्व केन्द्रीय मंत्री आ राजद के बड़का नेता रघुवंश प्रसाद सिंह कहले बाड़न कि पिछला लोकसभा चुनाव में कांग्रेस से अलग रह के चुनाव लड़े के फैसला गलत रहल जवना के खामियाजा दुनु पार्टीयन के भरे के पड़ल. ओहि तरह मौजुदा चुनाव में लोजपा के पचहत्तर गो सीट दिहला के कवनो जरुरत ना रहे. ओकरा लगे ओतना उम्मीदवारे नइखन जवना चलत ओह में से कई गो सीट जदयू भाजपा गठबन्हन का खाता में चलि जाई.

आलोचना कइला का बावजूद रघुवंश प्रसाद सिंह साफ कइले बाड़न कि ऊ लालू से अलगा ना होखीहन. बतावल जात बा कि अपना भाई रघुपति के टिकट ना मिलला से ऊ नाराज बाड़े. बाकिर रघुवंश प्रसाद सिंह के कहनाम बा कि ऊ रघुपति के टिकट खातिर कवनो दबाव कबहू ना डललन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: