Buoyed with world wide market Indian Share Market touched a new high on Monday for the last 31 months. Sensex reached 18560. This level was seen in Feb 2008.
अढ़ाई बरिस बाद मुंबई शेयर मार्केट काल्हु नया ऊँचाई छुवलसि जब बाजार १८५६० अंक पर बन्द भइल. एकरा पहिले ई स्तर फरवरी २००८ में रहुवे. बाजार में हर तरह के शेयरन में तेजी देखल गइल. बाजार के जानकारन के कहना बा कि अमेरिका के वित्तीय हालात में सुधार देख के बाजार में तेजी आइल बा. हर तरह के शेयरन में काल्हु तेजी देखे के मिलल रहुवे. आजु मंगल का दिने मुनाफा वसूली के दौर चल सकेला जवना से बाजार में गिरावट आ सकेला.