Tejashwi Yadav, son of Lalu- Rabri, has challanged the critics of Rabri Devi to contest against her. Rabri Devi filed her nominations from Sonepur yesterday. She is also contesting from Raghopur. Opponents are saying she is contesting from two places because she is unsure of her win.
एगो पुरान कहावत ह कि बेटा बाप पर पूरा पूरा ना जाव तबो थोड़ बहुत त चलबे करी. लालू आ राबड़ी के सपुत तेजस्वी यादव राजनीति का पाठशाला के नया विद्यार्थी हउवें आ अपना बाप महतारी के लाइन पर चलल शुरु कर दिहले बाड़न. ऊ चुनौती दिहले बाड़े कि जे राबड़ी देवी के चुनाव हारे के बात करत बा से उनका खिलाफ चुनाव लड़ के देखा देव. बात सही बा. राजनीति में सभे सभकर मजाक उड़ावेला आ शायदे कवनो पार्टी होखी जवना के नेता कबो दू सीट से ना लड़ल होखे. त फेर राबड़ी के विरोध काहे ?
राबड़ी देवी काल्हु शनिचर का दिने सोनपुर विधानसभा से आपन परचा दाखिल कर दिहली. ऊ राघवोपुर से लड़त बाड़ी.