ठाणे, 01 जून (वार्ता) आईपीएल क्रिकेट मे सट्टेबाजी का मामिला में ठाणे पुलिस अभिनेता सलमान खान के भाई निर्देशक अरबाज खान के शुक का दिने समन जारी क के शनियर का दिने पूछताछ ला हाजिर होखे के कहले बिया.
शुरुआती जांच में लागत बा कि अरबाज खान सट्टेबाज सोनू जालान उर्फ सोनू मलाड के सट्टेबाजी रैकेट का संपर्क में रहलन आ बड़हन दांवो लगवले रहले. सोनू जालान के दू दिन पहिलहीं पुलिस गिरफ्तारी क लिहले बिया.
कुछ दिन पहिले ठाणे पुलिस आईपीएल मैच में सट्टाबाजी करे का आरोप में तीन गो सटोरियन के गिरफ्तार कइले रहुवे आ ओहनिए से पूछताछ में सट्टा बाजार के नामी बुकी सोनू जालान के नाम सामने आइल रहल.
सोनू जालान के गिरफ्तार क के जब पूछताछ भइल त ऊ बॉलीवुड के कईगो नामी लोग के नाम बचवलसि से सट्टा में पइसा लगावत रहलें. एही में ऊ अरबाज खान के नाम लिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d