एशियाई खेलन के आजु चउथका दिने सभकर निगाह शिलॉग में तीरंदाजी के मैदान पर होखी जहवाँ मरदन आ मेहरारुवन के कंपाउंड इंडिविजुअल इवेन्ट्स के फाइनल में अभिषेक वर्मा आ रजत चौहान का सोझा खेलीहें पुर्वाशा आ ज्योति. कंपाउंड टीम आ मिक्स्ड इवेंट्सो में भारते के टीम फाइनल में खेली.
आजुओ भारत के मिलेवाला पदकन के गिनिती बढ़ेवाला बा आ तैराकी, कुश्ती, वेटलिफ्टिंग में एह पदकन के उमेद लागल बा.
आजुए साँझ के हॉकी का मैदान पर भारत आ पाकिस्तान के मरद टीमन का बीच जोरदार घमासान देखे के मिले वाला बा. मेहरारुवन के भारतीय टीम श्रीलंका से खेले वाली बा.
पदक तालिका में, भारत 30 गो स्वर्ण, 12 गो रजत आ 3 गो कांस्य पदक जीत के तालिका के माथ पर बइठल बा. श्रीलंका दुसरका आ पाकिस्तान तिसरका जगहा पर बा.