बीसीसीआई के अध्यक्ष रहते आइपीएल के सट्टेबाजी के मामिला दबावे लुकावे के कोशिश करे वाला श्रीनिवासन के काल्हु बीसीसीआई से निकाल बाहर कइल गइल. आ उनुका से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैनियो छीन लीहल गइल. काल्हु सोमार का दिने क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के बईठक में नयका अध्यक्ष शशांक मनोहर के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैन बनावे के फैसलो लीहल गइल. हालांकि उमेद बा कि अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के अधिकतर बइठकन में शरद पवारे भारत के प्रतिनिधित्व करीहें. आ एह तरह से पिछला दरवाजा से शरद पवार के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद में घुसावल जात बा.
बोर्ड कवनो रिटायर्ड जज के लोकपाल बनावे के फैसला कइलसि. टीम इंडिया के निदेशक रवि शास्त्री के आइपीएल संचालन परिषद से हटा दिहलसि. हित के टकराव से बचे ला रोजर बिन्नी के चयन समिति से हटवलसि. खिलाड़ियन के नयका लिस्ट में सुरेश रैना आ यूपी के गेंदबाज भुवनेश्वर कुमार के ‘ए’ ग्रूप से हटा के ‘बी’ ग्रेड में क दीहल गइल.
क्रिकेट से मइला हटावे के एह प्रयास के सभतर सराहल जात बा.