लंदन ओलंपिक में आजु शनिचर का दिने महिला बैडमिंटन के एकल में तीसरा जगहा आ के कांस्य पदक जीत लिहली जब तीसरा जगहा खातिर होखत मैच में चीन के झिन वांग घवाहिल हो के खेलल छोड़ दिहली. अबही ले भारत के तीन गो पदक मिलल बा एह ओलंपिक में. सायना मिर्जा आ लिएन्डर पेस के जोड़ी आपन मैच हार के ओलम्पिक से बाहर हो गइल.

श्रीलंका में भइल पाँच गो एकदिना मैच शृंखला के पाँचवा मैच में भारत मेजबान श्रीलंका के बीस रन से हरा दिहलसि. भारत श्रीलंका के मैच जीते खातिर २९५ रन के निशाना दिहले रहुवे. एह शृंखला के चार गो मैच जीत के भारत विश्व रैंकिंग में दुसरका जगहा आ गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: