बिहार
- पटना मेडिकल कॉलेज के स्थापना दिवस के सत्तासीवां समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल के स्वायतशासी संस्थान बनावल जाई.
- राज्य वन प्राणी परिषद के बइठक में राजगीर में चिड़ियाघर बनावे के आ राजगीर आ मंदार पर्वत से रोहतास पर्वत का बीच रोप वे बनावे के फैसला लिहल गइल. साथही वाल्मीकि नगर बाघ परियोजना विकसित करे, गिद्ध आ डाल्फिन के बचावे आ नीलगाय से फसल बचावे पर चरचा कइल गइल.
- भारतीय प्रेस परिषद के अध्यक्ष मार्केण्डय काटजू बिहार सरकार पर पत्रकारिता के स्वतंत्रता प्रभावित करे के आरोप लगवले. दोसरा तरफ नीतीश !ह आरोप पर कुछ नइखन बोलत जबकि विपक्ष हमलावर हो गइल बा. एह मसला के जाँच करवावे के माँग कइलसि राजद आ कांग्रेस.
- पश्चिम चंपारण के चौतरवा इलाका के लक्ष्मीपुर गाँव में शनिचर के भइल भयंकर अगलगी में सौ से बेसी घर जर गइल आ कई गो मवेशियन के जरला से मौत हो गइल.
- रोहतास के काराकाट इलाका में शनिचर का दिने गुडपा गाँव के एगो किसान के अपने बंदूक साफ करे का दौरान गोली चल गइला से मौत हो गइल.
उत्तर प्रदेश
- राज्य में छठा दौर के चुनाव वाला इलाकन में आजु साँझ से प्रचार के काम बंद हो जाई. एह दौर के मतदान अठाईस फरवरी के होखे वाला बा.
- एनआरएचएम घोटाला में सीबीआई के छापा के दौर जारी बा. काल्हु तेईस गो मुख्यचिकित्साधिकारियन का घर पर छापा मारल गइल. एहमें बलिया के सीएमओ रहल कृष्णमुरारी तिवारिओ के घर रहल. अनेके सीएमओ लोगन के हिरासत में लिहल गइल बा बाकिर कृष्णमरारी तिवारी छत से कूद के भाग निकललन. पुलिस अब उनुका के खोजे में लागल बिया.
- गोरखपुर के सहजनवा इलाका में एगो परिवार के मरद मेहरारू अपना दु गो लड़िकन का साथे रेल का आगा कूद के जान दे दिहलन. एकर कारण के अबही पता नइखे लागल.
देश
- केरल पुलिस के विशेष जांच दल इटली के जहाज एनरिका लैक्सी पर हथियारन के तलाशी के काम आजु फजीरे पूरा कर लिहलसि. तलाशी काल्हु साँझ के शुरू भइल रहे. एह दौरान इटली के दू गो बैलिस्टिक विशेषज्ञो मौजूद रहले. मिलल सामान के चार गो बक्सा में सीलबंद कर लिहल गइल बा. पुलिस आयुक्त के कहना बा कि पूछताछ पूरा हो गइला पर जहाज के छोड़ दिहल जाई.
- अमरनाथ तीर्थयात्रियन के अब पंजीकरण के समय चिकित्सा प्रमाण-पत्र देबे के पड़ी कि ऊ एह यात्रा लायक स्वस्थ बाड़े. एह साल ३७ दिन के अमरनाथ यात्रा २५ जून से २ अगस्त ले चली.
दुनिया
- अफगानिस्तान में नैटो के नेतृत्व वाली अंतर्राष्ट्रीय सेना अपना दू गो अधिकारियन के गृहमंत्रालय भवन का भीतर भइल हत्या का बाद अपना सलाहकारन के वापिस बोलवा लेबे के फैसला कइले बिया. कहल गइल बा कि हत्यारन के पकड़े में कवनो कोर कसर ना छोड़ल जाई.
- सीरिया में आजु नया संविधान खातिर जनमत संग्रह करावल जात बा. विपक्ष एकर बहिष्कार करे के एलान कइले बा.
- इस्राइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतनयाहू कहलन कि ईरान के परमाणु कार्यक्रम पर अंतर्राष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी के ताजा रिपोर्ट एह बाति के पकिया सबूत बा कि ईरान अंतर्राष्ट्रीय समुदाय के अनदेखी करत आपन परमाणु कार्यक्रम चालू रखले बावे.
- एगो अमरीकी ड्रोन विमान अफगानिस्तान सीमा का नियरा उत्तर पश्चिम पाकिस्तान के कबायली जिले में काल्हु दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. दुर्घटना तकनीकि कारण से भइल.
- पाकिस्तानी अधिकारी काल्हु एबटाबाद के ओह मकान के गिरा दिहले जहाँ ओसामा बिन लादेन मार गिरावल गइल रहे.
- दक्खिन अफ्रीका के राष्ट्रपति रहल पंचानबे साल के नेल्सन मंडेला के पेट का बेमारी का चलते अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.
- काल्हु शनिचर का दिने यमन में राष्ट्रपति चुनाइल मंसूर हादी के शपथ लिहला का बाद भइल एगो आत्मघाती बम विस्फोट में २६ गो सैनिक मरा गइले आ अनेके घवाहिल हो गइले. हादसा राष्ट्रपति परिसर के प्रवेश द्वार के बहरी भइल.
शिक्षा
- यूपी के टीईटी घोटाला के आरोपी माध्यमिक शिक्षा परिषद के निलंबित निदेशक संजय मोहन पर गैंगस्टर लगा दिहल गइल बा. ऊ पहिलही गिरफ्तार बाड़े. एह मामिला में सनइला का संदेह में परिषद के सचिव उषा त्रिपाठी के कुछ दिन पहिले पद से हटा दिहल गइल बा.
- पटना विश्वविद्यालय का सीनेट में रोजाना करीब एक करोड़ रुपिया के घाटा वाला बजट पेश कइल गइल. सीनेट का मंजूरी का बाद एकरा के सरकार का लगे भेजल जाई. सीनेट का बईठका का बाहर छात्र संगठन छात्र संघ बहाली खातिर प्रदर्शन कइले.
- बिहार मैट्रिक परीक्षा के चउथको दिने सैकड़न परीक्षार्थियन के नकल करत पकड़ के निष्कासित कर दिहल गइल. रोहतास में तीन गो परीक्षार्थियन के निकालल गइल बा.
खेल
- लंदन ओलम्पिक क्वालिफायर के फाइनल में भारतीय महिला हॉकी टीम दक्खिन अफ्रीका से १-३ से हार गइल आ लंदन ओलम्पिक खेले के ओकर सपना टूट गइल. पुरूष हॉकी का फाइनल में आजु भारत के मुकाबला फ्रांस से होखे वाला बा.
- तिकोनिया एकदिना क्रिकेट प्रतियोगिता में आजु सिडनी में भारत ऑस्टे्रलिया से खेलत बा. आस्ट्रेलिया भारत के २५३ रन के निशान दिहले बा. बाद में खेले उतरल भारत लिखत घरी चार विकेट का नुकसान पर अट्ठासी रन बनवले बा. सहवाग, तेंदुलकर, विराट कोहली आ गौतम गंभीर आउट हो चुकल बाड़े. फाइनल में पहुंचे खातिर भारत के आजु के मैच आ २८ फरवरी से श्रीलंका से होखे वाला मैच जीते के पड़ी. आजु वाला मैच हारे के पूरा अनेसा बन गइल बा.
- डब्ल्यूटीए दुबई ओपन टेनिस के महिला सिंगल्स खिताब पोलैंड के एग्नियेस्का रादावांस्का जीत लिहली. महिला डबल्स में सानिया मिर्जा आ येलेना वेसनीना के जोड़ी फाइनल में हार गइल.