• NaMoबिहार के गया में भाजपा के चुनाव रैली में भाषण देत पीएम मोदी भाजपा नेता बन गइलन आ राजद अउर जदयू पर अइसन अइसन बान छोड़लन कि नीतीश आ लालू बनबना के रह गइलें. मोदी के भाषण खतम होखत देर ना लागल कि दुनू जने आपन आपना भड़ास बोकरे लागल लोग. जंगल राज के जिक्र से छनछनाइल लालू कहलन कि उ मंडल पार्ट टू ले आवे जात बाड़न. इशारा रहल कि बिहार में जातिवाद पसार के जीते के इरादा बनवले बाड़न लालू. नीतीश के कहना रहल कि बिहार अब बीमारू राज्य नइखे रहि गइल. पता ना तब काहे आ कवना आधार पर बिहार खातिर विशेष राज्य के दरजा मांगत रहेलें.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर कांग्रेस के रणनीति बनावे ला ओकर उपाध्यक्ष राहुल गांधी बिहार कांग्रेस के बड़का नेतवन के बइठक बोलवले बाड़न.
  • मऊ पुलिस तलाशी अभियान चला के अढ़ाई किलो गांजा बरामद कइले बिया आ तीन जने के एह मामिला में धरियो लिहले बिया.
  • उत्तर प्रदेश के हरदोई जिले में एगो समारोह में बोलत शिया धर्मगुरु मौलाना कल्बे जव्वाद कहलन कि यूपी में सपा सरकार भठियारयन के सरकार हिय आ अगिला चुनाव में कांग्रेसे का तरह एकरो सूपड़ा साफ हो जाई.
  • व्यापम घोटाला में मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री रहल दिग्विजय सिंह के नाम अइला का बाद कांग्रेस के कहना बा कि अगर ठीक से जाँच कइल जाव त शिवराज सिंह मरदे नेहरारू के जेल जाए के पड़ जाई. ओने दिग्विजय सिंह चुप्पी साध लिहले बाड़न आ आपन कवनो सफाई नइखन देत. ओने जेल में बंद सत्तर गो आरोपी राष्ट्रपति का लगे चिट्ठी भेजले बाड़े कि ओह लोग के जमानत दिहल जाव ना त जान देबे के इजाजत.
  • भाजपा नेता अर्जुन राम मेघवाल के कहना बा कि रॉबर्ट वाड्रा के जमीन घोटाला के जाँच चलत बा आ ऊ कवनो हाल में बच ना पइहें. मेघवाल कहलन कि जाँच बिना कवनो डर भा दखल के करावल जात बा.
  • जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में अतवार का दिने आतंकियन से मुठभेड़ में सेना के एगो जवान शहीद हो गइल. सेना दू गो आतंकियन के जान ले लेबे में सफल रहल.
  • दिल्ली के आआपा विधायक अलका लांबा पर पत्थर से हमला का बाद तरह तरह के बैंडेज का साथ उनकर फोटो मीडिया में जारी भइल आ हर बेर चोट कवनो नया जगह लागल देखावल गइल. अलका के कहना बा कि उनका पर ढेला भाजपा के विधायक रहल एगो नेता के दुकान से चलावल गइल.
  • जम्मू के उधमपुर में धराइल पाकिस्तानी आतंकी नवेद बतवले बा कि ओकरा दिमाग में आतंक के जहर हाफिज सईद के बेटा भरले रहुवे.
  • लोकसभा से पाँच दिन खातिर निकालल गइल 25 गो सांसदन के निलंबन पूरा हो चुकल बा. अब देखे के बा कि सोमार का दिने ई लोग शराफत से पेश आवत बा कि फेरू आपन बेहुदई जारी राखी लोग. सोनिया आ राहुल त इहे चहीहें कि बवाल जारी रहो आ भाजपा सरकार आपन जरूरी काम मत कर पावे.
  • चेन्नई में क्रिकेट खेले आइल दक्खिन अफ्रीका के खिलाड़ियन के तबियत खराब खाना खा के अतना बिगड़ गइल कि दस जने के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल आ एही चलते मैच के कार्यक्रम में बदलाव करे के पड़ गइल.
  • टेनिस के वाशिंगटन ओपन के सेमीफाइनल में माथ भारतीय पुरुष युगल खिलाड़ी रोहन बोपन्ना आ रोमानिया के फ्लोरीन मेर्गिया के जोड़ी सेमीफाइनल मुकाबला में हारके बाहर हो गइल बा लोग.
  • फ्रांस के दू मैच के सीरिज जीतला का बाद अब भारत के सीनियर पुरुष हॉकी टीम स्पेन के खिलाफ तीन मैच के टेस्ट श्रृंखला खेले वाली बा.
  • अपना सलामी बल्लेबाज – मयंक अग्रवाल (130) आ उन्मुक्त चंद (90) – के शानदार बल्लेबाजी भारत के ए टीम के अतवार का दिने चेन्नई में खेलल गइल दुसरका मैच मेंं दक्खिन अफ्रीका के ए टीम के 8 विकेट से हरा दिहलसि.
  • ढाका से मस्कट जात एगो बांग्लादेशी विमान के शुक का रात छत्तीसगढ़ के माना एयरपोर्ट पर इमरजेंसी में उतारे के पड़ल काहे कि विमान के एगो हिस्सा टूट के गिर गइल रहे आ विमान के बैलेंस बिगड़ गइल रहुवे. बाकिर पायलट के सूझबूझ से ओकरा के सुरक्षित उतार लीहल गइल आ एगो बड़हन हादसा होत होत बाचल.
  • अतवार का दिने अफगानिस्तान के एगो अधिकारी कहलन कि काबुल में भइल एगो फिदायिन हमला से बाईस लोग मारल गइल.
  • नेपाल के चारो बड़का गोल एह बात पर सहमत हो गइल बा कि नेपाल में छह गो राज्य बना दीहल जाव. खास बात ई रहे वाला कि छहो राज्य के सीमा भारत से सटल होखी. एह समझौता का बाद एगो बड़हन बाधा टर गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: