बिहार
- मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु पटना जिला में मसौढ़ी के गाँधी मैदान में महादलित रेडियो योजना के शुरूआत करीहें. एह योजना में हर महादलित परिवार के एगो रेडियो खरीदे खातिर चार सौ रूपिया के कूपन बाँटल जाई.
- काल्हु पेश भइल बजट में प्रस्ताव कइल गइल बा कि निजी बिल्डरन के बनावल आवासीय भा व्यवसायिक परिसर पर एक फीसदी का दर से टैक्स लगावल जाई. एहसे फ्लैट खरीदल अउरी महँग हो जाई.
- प्रेस परिषद के अध्यक्ष न्यायमूर्ति मार्कण्डेय काटजू काल्हु पटना विश्वविद्यालय में आयोजित एगो समारोह में आरोप लगवलन कि बिहार में मीडिया आजाद नइखे. अगर कवनो पत्रकार सरकार भा मंत्रियन का खिलाफ कवनो खबर देला त प्रबन्धन ओकरा के चुप करावे भा हटावे में लाग जाला.
- बक्सर के चौंगाई भगेन सड़क पर काल्हु एगो बस तिलक समारोह से लवटत दू गो नौजवानन के कचारत भाग गइल. दुनु नवहियन के ओहिजे मौत हो गइल.
उत्तर प्रदेश
- एनआरएचएम घोटाला के जाँच करत सीबीआई आजुओ छापा मारल जारी रखले बिया. एहसे करिया कमाई करे वाला मुख्य चिकित्सा पदाधिकारियन के जान साँसत में पड़ल बा. काल्हु छत्तीस जगहा छापा मारल गइल रहे. एह सिलसिला में अबही ले चौदह गो मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. काल्हु बनारस में छह जगहा आ बलिया के बिल्थरा रोड में छापा पड़ल रहे.
- कांग्रेस का बारे में समाजवादी आपन पत्ता अबही देखावे के तइयार नइखे. ओकर कहना बा कि छह मार्च का बादे बतावल जाई कि पार्टी के का रुख रही कांग्रेस खातिर. पार्टी जानत बिया कि ममता के विरोध का चलते कांग्रेस के हालत पहिलही से पातर चलत बा. यूपी विधानसभा के चुनाव परिणाम अइला का बादे देखल जाई कि कांग्रेस का साथे कवन आ कइसन संबंध राखे के बा.
- चुनाव आयोग नोटिस भेज के केन्द्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल से उनुका बयान पर सफाई मँगले बावे. जयसवाल पर आरोप बा कि ऊ राष्ट्रपति शासन लगावे के धमकी दे के वोटरन के डेरववले बाड़न. सफाई सोमार का दुपहरिया ले आ जाये के चाहीं.
देश
- विश्व स्वास्थ्य संगठन आजु भारत के पोलियो मुक्त देश बतावत ओकरा के पोलियो प्रभावित देशन का सूची में से निकाल दिहलसि. बाकिर अबही दू साल अउरी देखला का बादे प्रमाण पत्र जारी करी.
- गृहमंत्री पी चिदम्बरम दस गो राज्य के मुख्यमंत्रियन के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि देश के सुरक्षा केन्द्र आ राज्य दुनु के मिल के करे के चाहीं. अब एह बात पर विचार करे खातिर देश भर के पुलिस प्रमुखन के बइठक दिल्ली में करावल जाई.
- देश के बहुते व्यस्त हवाई अड्डन में से दुसरा नंबर पर आवे वाला मुंबई एयरपोर्ट के मुख्य रनवे आजु साढ़े एगारह बजे से साढ़े चार बजे ले बंद रही काहे कि एकरा के लमारल जात बा. अइसने बंदी फेर तीन आ दस मार्च के करावल जाई.
- केन्द्र सरकार शुक का दिने तमिलनाडू के कुडनुकुलम इलाका में काम करे वाला तीन गो एनजीओ के लाइसेंस रद्द कर दिहलसि काहे कि ई लोग चंदा से मिलल धन के इस्तेमाल सही काम में ना कर के परमाणु विरोधी अभियान चलावत रहुवे.
- कपिल सिब्बल फेरु सोशल मीडिया का खिलाफ बोलत कहले बाड़न कि जब प्रेस आ टीवी पर नियम लागू होला त सोशल मीडिया पर काहे ना लागू होई. कहलन कि ई कहला से काम ना चली कि ओह लोग के सर्वर दोसरा देश में बा एहसे ऊ लोग एहिजा के नियम माने खातिर मजबूर नइखे.
- पश्चिम बंगाल में एगो अउर कांग्रेसी मंत्री श्रम राज्य मंत्री रबीना यास्मीन के कहना बा कि उनुका के भाव नइखे दिहल जात आ सरकारी कार्यक्रम भा महत्वपूर्ण बइठकन में बोलावा नइखे भेजल जात.
- जी स्पेक्ट्रम घोटाले में केंद्रीय गृह मंत्री पी चिदंबरम के भूमिका जांचे खातिर सुप्रीम कोर्ट में एगो अउर याचिका दायर भइल बा. एकरा के सेंटर फॉर पब्लिक इंटरेस्ट लिटिगेशन नाम के गैर सरकारी संगठन दायर कइले बा.
- नितिन गडकरी का निर्देश का बावजूद कर्नाटक भाजपा में अंतर्कलह जारी बा. येदियुरप्पा छरियाइल बाड़न कि उनुका के सत्ताइस फरवरी से पहिले फेरु मुख्यमंत्री बना दिहल जाव ना त …
शिक्षा
- नयी दिल्ली के प्रगति मैदान में नौ दिन ले चले वाला बीसवाँ पुस्तक मेला के उद्घाटन आजु कपिल सिब्बल करे वाला बाड़े.
- युपी के टीईटी परीक्षा घोटाला का सिलसिला में माध्यमिक शिक्षा परिषद के सचिव रहल प्रभा त्रिपाठी इलाहाबाद उच्च न्यायालय में याचिका लगा के आपन गिरफ्तारी रोकवावे के गोहार लगवले रहुवी. अदालत प्रभा त्रिपाठी के गिरफ्तारी पर रोक लगा दिहलसि. एह मामिला में शिक्षा निदेशक संजय मोहन पहिलही गिरफ्तार कइल जा चुकल बाड़े.
खेल
- भारत के पुरूष आ महिला हॉकी दुनु टीम ओलम्पिक क्वालिफायर के फाइनल में चहुँप गइल बा. पुरुष हॉकी टीम पौलेण्ड के चार दू से हरा के आ महिला हॉकी टीम इटली के हरा के फाइनल में चहुँपल. फाइनल में पुरुष टीम फ्रांस से महिला टीम दक्खिन अफ्रीका से मुकाबला करी.
- भारत के सानिया मिर्जा आ रूस के येलेना वेस्निया के जोड़ी दुबई ओपन टेनिस के महिला डबल्स के फाइनल में चहुँप गइल जहाँ आजु एह जोड़ी के मुकाबला लिजेल हूबर आ लिसा रेमण्ड के जोड़ी से होखे वाला बा.