यूपी विधानसभा चुनाव ला प्रचार करत पीएम मोदी आजु मेरठ में कहलन कि भाजपा के सरकार बनल त गन्ना किसानन के सगरी बकाया 14 दिन का भितरे चुका दीहल जाई. कहलन कि समाजवादी गोल का चलते राज्य पिछड़त बा.

मऊ के कोपागंज इलाका में आजु डाढ़ी चट्टी का नियरा एगो टेम्पो ए जीप के टक्कर में टेम्पो सवार दस जने घवाहिल हो गइलें.

पटना में चलत राष्ट्रीय सीनियर बैडमिंटन चैंपियनशिप के महिला एकल वर्ग में टॉप सीड तान्वी लैड (पीएसपीबी) आ आठवीं सीड रिया पिल्लई (महाराष्ट्र) आपन-आपन मैच जीत के खिताबी अभियान के शुरिआत कइली. दूसरका दौर में बिहार के आकांक्षा कुमारी हार गइली आ उनुका के नौवीं सीड रेशमा कार्तिक (एयर इंडिया) हरवली.

आजु पाँच गो राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनावन के पहिला दौर में गोवा आ पंजाब के सगरी सीटन ला वोट डालल गइल. गोवा में साँझ पांच बजे ले 83 फीसदी वोटर आपन वोट डाल के राज्य में एगो नया रिकार्ड बना दिहलें. पंजाबो से 70 फीसदी से बेसी वोटिंग होखे के खबर बा. कतहीं से कवनो बड़हन घटना के खबर नइखे. कई जगहा ईवीएम मशीनन में आइल गड़बड़ियन ला चुनाव आयोग प पक्षपात करे के आरोप लगा दिहलन अरविन्द केजरीवाल.

पटना के एगो विशेष अदालत पूर्वी चंपारण जिला के घोड़ासहन रेलवे पटरी बम कांड मामिला में जेल में बंद तीन गो अभियुक्तन के पूछताछ करे ला 11 दिन के पुलिस रिमांड प एनआईए के सउँपे के आदेश आदर्श केंद्रीय कारा बेऊर के काराधीक्षक के नामे जारी क दिहलसि.

मऊ जिला के समाज कल्याण अधिकारी आजु पत्रकारन के बतवलन कि मऊ जिले के जिलाधिकारी के बनावल टीम से जाँच करवला का बाद जिला में चलत 14 गो फर्जी मदरसन के मानय्ता रद्द क दीहल गइल बा.

सोनभद्र के चोपन इलाका के मीतापुर गाँव में अपना बेटी के ससुरागी आइल कुरहुल गाँव के एगो आदमी सबेरे बिछवना प मरल मिललें, उनुका साथे आइल एगो दोस्त राते में लवट गइल रहे. पुलिस मामिला के संदिग्ध मान के जाँच करत बिया.

बिहार के खाद्य अउर उपभोक्ता संरक्षण मंत्री मदन सहनी जन वितरण प्रणाली में गड़बड़ी के शिकायत का बाद बक्सर आ भोजपुर जिलन के 13 गो अधिकारियन का खिलाफ शो कॉज नोटिस जारी क के सात दिन का भितरे जवाब देबे के कहले बाड़न.

गाजीपुर के कोतवाली इलाका के चौकिया गाँव के एगो आदमी नशा में धुत हो के डेढ बरीस के बच्ची से कुकरम क दिहलसि. बेहोश बचिया के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

वाराणसी के काशी हिंदू विश्वविद्यालय में काल्हु अतवार से 30वीं फेडरेशन कप वॉलीबाल चैंपियनशिप आयोजित होखे जात बा. एकर उद्घाटन राज्यपाल राम नाईक करीहें आ आठ दिन चले वाला एह चैंपियनशिप में देश के 13 गो टीम शामिल होखीहें सँ. वाराणसी में पहिला बेर ई चैम्पियनशिप होखे जा रहल बा.

पूर्वोत्तर रेलवे के गोरखपुर से वाराणसी का बीच आजमगढ होत 200 किलोमीटर लमहर नया रेल लाइन बनावे के मंजूरी केन्द्र सरकार दे दिहले बिया. अब एह लाइन के सर्वे के काम शुरी होखे जा रहल बा. एह सर्वे प 30 लाख रुपिया खरच होखे वाला बा. एह रेल लाइल के बनला से गोरखपुर आ वाराणसी के बीच के दूरी कम हो जाई आ आजमगढ अउर बांसगांव के कई इलाका रेल से जुड जइहें.

जौनपुर जिला के जफराबाद इलाका में भइल वाहन चेकिंग के दौरान आजु सबेरे शंकरगंज रेलवे फाटक प पुलिस एगो कार के रुके के कहलसि त कार वाला भागे लागल. तब पुलिस ओकरा के चहेटा मार के धइलसि आ जाँच में कार से 100 लीटर अवैध शराब, तीन गो तमंचा आ पांच गो कारतूस बरामद कइलसि.

आजमगढ़ जिला में विधानसभा चुनाव के शान्ति से करवावे के माहौल बनावे ला 45 गो बदमाशन के तड़ीपार होखे के आदेश दीहल गइल बा. चुनाव ले एह लोग के जिला में लउकलो से मनाही बा.

आज़मगढ़ जिला के मेंहनगर इलाका में बिल्डिंग मटेरियल के एगो कारोबारी अपना मेहरारू से झगड़ा का बाद घर में फांसी लगा के जान दे दिहले बा. बतावल जात बा कि एगो दोसरा मेहरारू से उनुकर नाता बन गइल रहल आ ओकरा के ऊ अपना घरे राख लिहले रहलन जवना चलते आए दिन किचकिच होखत रहुवे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: