
(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी)
नेपाली सुप्रीम कोर्ट अपना राष्ट्रपति के आदेश दिहलसि कि ऊ शेर बहादुर देउबा के नेपाल के प्रधानमंत्री बना दीहल जाव. बाद में देउबा नेपाल के प्रतिनिधि सभा में आपन बहुमत 30 दिन का भीतर साबित क के देखइहें. जान जाईं कि मौजूदा प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली पिछला 21 मई के प्रतिनिधि सभा के भंग करे के सलाह दिहले रहलें. राष्ट्रपति विद्यादेवी भंडारी उऩुका सलाह पर प्रतिनिधि सभा भंग कर दिहले रही आ नवम्बर महीना में नेपाल में चुनाव करावे के एलान कइल गइल रहुवे. एकरा बाद देउबा अदालत का शरण में चहुँपल रहलें आ अदालत उनुकर गोहार मान लिहलसि.
चरचा बा कि कांग्रेस अपना संसदीय दल के नेता पद से अधीर रंजन चौधरी के छुट्टी कर सकेले. आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी अपना गोल के संसदीय रणनीति समूह के बइठक बोलवले बाड़ी जवना में 19 जुलाई से शुरु होखे जा रहल संसदीय सत्र में कांग्रेसी रुख तय कइल जाई आ एह बइठक का बाद गोल के संगठन का बारे में फैसला कइल जाई. एक आदमी का लगे एके गो पद रहे के सिद्धान्त का तहत अधीर के हटावल जाए के उमेद बा आ हो सकेला कि कांग्रेसी संसदीय दल के नेता राहुल गाँधी के बना दीहल जाव जिनका लगे अबहीं कवनो पद नइखे.
लखनऊ में अलकायदा से जुड़ल आतंकियन के गिरफ्तारी से परेशान बाड़ें अखिलेश यादव. उनुकर कहना बा कि यूपी पुलिस पर भरोसा ना कइल जा सके. ओने दू गो आतंकियन मुसीरुद्दीन आ मिनहाज अहमद के गिरफ्तारी का बाद ओकनी के तिसरका साथी शकील आ अउरी सहयोगियन के तलाश जारी बा. एह आतंकियन के प्लान रहुवे कि 15 अगस्त का दिने यूपी में जगहे जगह आतंकी वारदात क के भाजपा के बड़का नेतन के हत्या कइल जाव. अदालत दुनु आतंकियन के 14 दिन खातिर पुलिस हिरासत में सँउप दिहले बिया.
समाजवादी गोल के अध्यक्ष अखिलेश यादव आ बसपा सुप्रीमो मायावती के कहना बा कि ई सब कुछ चुनाव का नजरिया से कइल जा रहल बा. हालांकि मायावती इहो कहली कि अगर पुलिस के दावा सही बा त ई गंभीर मामिला बा आ उचित कार्रवाई होखे के चाहीं बाकिर एकर आड़ ले के राजनीति ना होखे के चाहीं. विपक्षी नेता लोग के बयान का बाद भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वतंत्र देव सिंह आरोप लगवलन कि विपक्ष आतंकवादियन के समर्थन कइल आपन अधिकारिक एजेंडा बना लिहले बावे. तबहिएं समाजवादी सरकार का दौरान आतंकियन पर से मुकदमा हटावे के साजिश रचल गइल रहुवे.
यूपी सरकार के जनसंख्या नियन्त्रण कानून के खिलाफ बाड़ें बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. उनुकर कहना बा कि कानून बनवला से जनसंख्या कम ना हो पाई, एकरा खातिर औरतन के पढ़ावल लिखावल अधिका कारगर होखी. पढ़ल लिखल औरत बच्चा कम पैदा करेली ई बाति जगजाहिर बा. जान जाईं कि देश भर के मौलवी आ मुसलमान नेता योगी सरकार के कानून का खिलाफ बोलत बाड़ें आ एह कानून पर रोक लगावे के मांग करत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि जनम अल्लाह के मरजी से होला आ एहमें कवनो दखलंदाजी बरदाश्त ना कइल जाई.
पश्चिम बंगाल के तीन प्रांत में बाँट दिहले बिया आरएसएस. संघ का हिसाब से दक्षिण बंगाल के मुख्यालय कोलकाता, मध्य बंगाल के मुख्यालय बर्धमान आ उत्तर बंगाल के मुख्यालय सिलीगुड़ी बनावल गइल बा. आ ओहिजे से संघ पदाधिकारी एह प्रांतन के गतिविधि संचालित कइल करीहें. वइसे संघ का योजना से पहिलहूं से कई राज्यन के अनेक प्रांतन में बाँट के राखल गइल बा.
चार बेर की विश्व विजेता फुटबॉल टीम इटली जब अतवार का दिने वेम्बले स्टेडियम में खेलल फाइनल में मेजबान इंग्लैंड के पेनल्टी शूटआउट में 3-2 से हरा दिहलसि त इंगलैण्ड समर्थक दर्शक जम के बवाल कटलें.
केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान बतवले बाड़न कि नीट (यूजी) 2021 परीक्षा देश भर में 12 सितंबर के करावल जाई. एह परीक्षा का दौरान सगरी कोविड-19 प्रोटोकॉल के पालन कइल जाई. आवेदन प्रक्रिया आजु साँझ पाँच बजे से एनटीए वेबसाइट पर शुरू होखी. अब 198 शहर में एकर परीक्षा केन्द्र बनावल जाई. पहिले 155 शहर में एकर केन्द्र बनल तय रहुवे.
देश के शेयर बाजारन में काल्हु सोमार का दिने गिरावट का साथे बाजार बंद भइली सँ बाकिर आजु दुनिया के बाजारन सें संकेत देखत लिवाली के दौर चले के उमेद बतावल जा रहल बा.