मास्को, 01 जुलाई वार्ता (वार्ता). फुटबॉल विश्व कप में एगो बड़हन उलटफेर करत सबले निचली रैंकिंग पर रहल टीम रूस पेनल्टी शूटआउट में चैंपियन रह चुकल स्पेन के आजु अतवार का दिने 4-3 से हरा के पहिला बेर फीफा विश्व कप फ़ुटबाल टूर्नामेंट के क्वार्टरफाइनल में प्रवेश पा लिहलसि.
विश्व कप में अबकी कई एक बड़हन उलटफेर भइल बा. दुनिया के नंबर एक टीम आ पिछला बेर के चैंपियन जर्मनी, दू बेर चैंपियन रहल अर्जेंटीना का बाद अब बरीस 2010 में चैंपियन टीम स्पेनो विश्व कप से बाहर हो गइल.
क्वार्टरफाइनल में रूस के मुकाबिला क्रोएशिया अउर डेनमार्क का बीचे होखे वाला मैच जीते वाला से होखी, आजु के मैच में रूस पूरा खेल का दौरान स्पेन के गोल करे के कवनो मौका ना दिहलसि. स्पेन के गोल रूस के अपने कइल गोल था रहुवे जवना के बरोबरी रूस पेनल्टी पर गोल दाग के हासिल कइलसि. एह जीत से रूस के गोलकीपर इगोर एकीनफीव देश के नया हीरो बन गइलें जब ऊ कोके अउर लागो अस्पास के पेनल्टी शूट बेकार करा दिहलें.
दोसरा तरफ स्पेन के एह हार का बाद ओकर ऊ रिकार्ड कायम रहि गइल जवना में ऊ विश्व कप भा यूरो कप में मेजबान के कबो नइखे हरवले.
आजु का खेल में 12 वां मिनट पर स्पेन के बढ़त मिलल जब रुस के सर्जेई इग्नेशेविच एगो फ्री किक के अपने एड़ी से अपने गोल में मार बइठले. एह विश्व कप के ई 10 वां आत्मघाती गोल रहुवे.
स्पेन मैच पर नियंत्रण बनवला का बावजूद आपन बढ़त मजबूत ना कर पवलसि. रूसो डटके स्पेन के मुकाबला कइलसि आ 41वां मिनट में गेरार्ड पिक के हैंडबॉल भइला से ओकरा पेनल्टी मिल गइल आ फॉरवर्ड अर्टेम ज्यूबा एह पेनल्टी के गोल में पहुंचा के रूस के बरोबरी दिआ दिहलन.
समय खतम हो गइला का बावजूद फैसला ना होखला का बाद पेनल्टी शूटआउट में रुस एगो इतिहास रच दिहलसि.