ब्रेडा, 01 जुलाई (वार्ता). भारत का लगे पहिला बेर शानदार मौका रहुवे एफआईएच चैंपियंस ट्रॉफी जीते के बाकिर पेनल्टी शूटआउट में हार के भारत ई मौका गँवा दिहलसि आ ऑस्ट्रेलिया 15 वीं बेर चैंपियंस ट्रॉफी के विजेता बन गइल.
आजु अतवार का दिने खेलल गइल फाइनल मैच के तय समय ले मुकाबला 1-1 गोल का बरोबरी पर रहुवे. एकरा बाद पेनल्टी शूट आउट के सहारा लीहल गइल जवना में ऑस्ट्रेलिया 3 गोल दगलसि जबकि भारत का तरफ से एकही गोल दागल जा सकल. से फैसला 3-1 से ऑस्ट्रेलिया का पक्ष में चल गइल आ लगातार दूसरका बेर भारत के रजत पदक से संतोष करे के पड़ल.
याद करीं कि दू बरीस पहिलहूं लंदन में भइल एह टूर्नामेंट में भारत ऑस्ट्रेलिए से फाइनल में हारल रहुवे.
अबकी ई चैंपियंस ट्रॉफी के 37वां आ आखिरी संस्करण रहुवे आ भारत का हाथ से पहिला बेर खिताब जीते के मिलल मौका शूटआउट में हाथ से निकल गइल.
फाइनल में भारत दुनिया के नंबर एक टीम आ पिछला बेर के चैंपियन ऑस्ट्रेलिया का खिलाफ जबरदस्त प्रदर्शन कइलसि बाकिर इहो माने के पड़ी कि गोल करे के कई एक निकहा मौको गवाँ दिहलसि भारत ना त आजु निर्धारित समय में चैंपियन बन गइल रहीत भारत.
मैच का 24वां मिनट में ऑस्ट्रेलिया के ब्लेक गोवेर्स पेनल्टी कार्नर पर गोल क के बढ़त दिअवलें. एकरा जवाब में भारत के विवेक प्रसाद 42 वें मिनट में एगो मूव पर उछलन गेंद पर पहिलके कोशिस में ऑस्ट्रेलिया के गोलकीपर के हरा दिहलन. एकरा बाद तय समय ले कवनो टीम गोल ना कर सकल.
खिताब के फैसला एकरा बाद शूटआउट पर आ गइल आ ऑस्ट्रेलिया आपन पहिला दू गो प्रयास गोल में बदलिके भारत पर दबाव बना दिहलसि. भारतीय कप्तान आ गोलकीपर पीआर श्रीजेश एरान जालेवस्की अउर डेनियल बील के शूट रोक ना पवलन.
एकरा बाद भारत का तरफ से अनुभवी सरदार सिंह पहिलका अउर हरमनप्रीत सिंह दूसरका प्रयास गंवा दिहलें.
एकरा बाद श्रीजेश मैथ्यू स्वान के मारल गेंद रोक के भारत खातिर उम्मीद जगवलन बाकिर फेर ललित उपाध्याय तिसरका कोशिश गवाँ दिहलें.
श्रीजेश एकरा बाद टॉम क्रैग के शूट रोक लिहलन आ मनप्रीत सिंह पेनल्टी शूटआउट के अकेला गोल मार सकलन.
बाकिर जेरेमी एडवर्ड्स के मारल शूट गोल में बदलि गइल आ खिताब ऑस्ट्रेलिया के झोली में आ गइल.