
(टटका खबर, अतवार, सावन अमावस, 2078 विक्रमी)
ढेर दिन से एगो महिला पत्रकार के पनौती बतावत सोशल मीडिया गुलजार रहत रहुवे. अब पनौती होखे के ई सम्मान राजीव गाँधी के मिल गइल बा. काल्हु नीरज चोपड़ा के टौक्यो ओलंपिक में भाला फेंके के प्रतियौगिता में स्वर्ण पदक मिलते सोशल मीडिया पर हजारन लोग ई कहत मिलल कि #राजीवगांधीपनौती_था . तर्क ई कि खेल रत्न पुरस्कार से राजीव गाँधी के नाम हटावते भारत ओलंपिक में आपन स्वर्णिम इतिहास लिखल शुरु कर दिहलसि. फील्ड आ ट्रैक प्रतियोगिता में भारत पहिला बेर ओलंपिक स्वर्ण पदक अपना नामे कइलसि. एकरा साथही ओलंपिक पदक जीते के एगो नया निशान खींच दिहलसि सात गो पदकन के. अबहीं ले 2012 के ओलंपिक में छह गो पदक जीते के निशान बनवले रहुवे भारत. तब भारत के दूगो रजत आ चार गो कांस्य पदक मिलल रहुवे. अबकी एहमें एगो स्वर्ण पदक जोड़ा गइल.
टोक्यो ओलम्पिक में भाला फेंक स्पर्धा में नीरज के स्वर्ण पदक, भारोत्तोलक मीराबाई चानू अउर पहलवान रवि कुमार दहिया के रजत पदक, आ महिला मुक्केबाज लवलीना बोर्गोहैन, बैडमिंटन स्टार पीपी सिंधू, भारतीय पुरुष हॉकी टीम अउर पहलवान बजरंग पुनिया कांस्य पदक जीतला सा भारत खातिर एगो नया रिकार्ड बन गइल.
एकरा पहिले नीरज ने अपने स्वर्ण प्रदर्शन के साथ ही राइफल निशानेबाज अभिनव बिंद्रा 2008 बीजिंग ओलम्पिक में भारत के पहिलका व्यक्तिगत स्वर्ण पदक जीतले रहुवन, अब नीरज चोपड़ा के नामो जुड़ गइल व्यक्तिगत स्वर्ण पदक जीते वालन में.
भारत टोक्यो ओलंपिक के पदक तालिका में 47 वां स्थान पर बा जबकि 2012 के लंदन ओलम्पिक में भारत 57 वां स्थान पर रहुवे.
जौनपुर के जलालपुर इलाका के मोजरा गांव में नहर टूटला से खेतन में खड़ा फसल डूब में बरबाद हो गइल.
देवरिया पुलिस चार गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि जवन लोग के नकली अंगूठा निशान मशीन से बना लेत रहलें आ फेर ओह लोग का खाता से रुपिया चोरा लेत रहलें. ओकनी का लगे से ढेरे लोग के अंगूठा निशान के क्लोन, आधार कार्ड, आ लाख रुपिया से अधिका नगदी बरामद भइल बा.
नेशनल मेडिकल कमीशन के टीम काल्हु शनीचर का दिने जोनपुर के उमानाथ सिंह राजकीय मेडिकल कालेज के निरीक्षण कइलसि. एह बारे में जानकारी देत जिलाधिकारी मनीष कुमार वर्मा बतवले कि मेडिकल कॉलेज में एे मबीबीएस के पढ़ाई खातिर 51 गो शिक्षक चाहीं जवना में 21 लोग ज्वाइन कर लिहले बा. तीन गो प्रोफेसर के, 17 गो एसोसिएट प्रोफेसर के आ दस गो असिस्टेंट प्रोफेसर के पद अबहियों खाली बा.
बलिया जिले के सुखपुरा इलाका में पकड़ी गांव के नीरज सिंह आर्मी में जवान बाडें. छुट्टी खतम भइला का बाद ऊ वापसी ला ट्रेन पकड़े जात रहलें जब अलावलपुर का नियरा बाइक सवार बदमाश उनुका के गोली मारत भाग निकललें.
यूपी स्पेशल टास्क फोर्स प्रशिक्षित स्नातक शिक्षक परीक्षा 2021 में नकल करावे वाला गिरोह के सरगना समेत सात गो सदस्यन के शिवकुटी इलाका से गिरफ्तार कर लिहलसि.
सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सिसवां रसूलपुर गांव के एगो आदमी के मौत बिजला करंट लगला से हो गइल.