ब्रेडा, 29 जून (वार्ता). पिछला बेर के उपविजेता रहल भारत शनिचर का दिने जब मेजबान हॉलैंड का खिलाफ एफआईएच चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के आपन आखिरी लीग मैच खेले उतरी त ओकरा निशाना प रही जीत भा ड्रा जेहसे कि ऊ लगातार दुसरकी बेर फाइनल में पहुंच सको.
विश्व-चैंपियन आ पिछला बेर एह टूर्नामेंट के चैंपियन रहल ऑस्ट्रेलिया काल्हु हॉलैंड के 3-1 से हरवले रहुवे आ 10 अंक लेके ऊ फाइनल में आपन जगहा तय कर लिहले बा. फाइनल के दुसरकी टीम के फैसला भारत आ हॉलैंड का बीच शनिचर का दिने होखे वाला मुकाबला से होखी. भारत चार मैच खेल के सात अंक बिटोरले बा त अतने मैच खेल के हॉलैंड का लगे छह अंक बा.
अबकी का अपना लीग मैचन में भारत पाकिस्तान के 4-0 से आ ओलम्पिक चैंपियन अर्जेंटीना के 2-1 से हरवलसि बाकिर ऑस्ट्रेलिया से ओकरा 2-3 के नजदीकी हार झेले पड़ल आ बेल्जियम से खेलल मैच 1-1 से ड्रा रहल.
कप्तान आ गोलकीपर पीआर श्रीजेश के कहना बा कि हमनी खातिर ई मैच एक तरह से सेमीफाइनल मैच बा आ एकरा के ओही अंदाज में खेलब जा.
मेजबान हॉलैंड अर्जेंटीना से 1-2 से हरला का बाद बेल्जियम के 6-1 से आ पाकिस्तान के 4-0 से हरवलसि बाकिर फेरु ऑस्ट्रेलिया से 1-3 से हारे के पड़ल ओकरा.