सेंचुरियन, 22 फरवरी (वार्ता). मनीष पांडेय के नाबाद 79 आ महेंद्र सिंह धोनी के नाबाद 52 के आक्रामक पचासा आ 98 रन के तूफानी साझेदारी पर लेग स्पिनर युजवेंद्र चहल का गेंदबाजी में पड़ल छक्कन से पानी पड़ गइल आ दक्षिण अफ्रीका दुसरका बीसबीसा में बुध का दिने भारत के छह विकेट से हराके तीन मैचन के सीरीज में 1-1 से बरोबरी क लिहलसि.
अपना पारी में भारत चार विकेट का नुकसान पर 188 रन के मजगर स्कोर बनवलसि बाकिर चहल के खराब गेंदबाजी का चलते मैच भारत का हाथ से छलक गइल. चहल अपना चार ओवर
में 64 रन लुटावलें आ भारत के हार के सबला बड़हन कारण इहे रहल. चहल के
दक्षिण अफ्रीका के कप्तान जेपी डुमिनी 19 वाँ ओवर में जयदेव उनादकट पर लगातार दू गो छक्का मारके जीत दक्षिण अफ्रीका का झोरा में डाल दिहलन, दक्षिण अफ्रीका महज 18.4 ओवर में चार विकेट गँवा के 189 रन बना लिहलसि. डुमिनी महज 40 गेंद पर चार गो चौका आ तीन गो छक्का मारत नाबाद 64 रन के मैच विजयी पारी खेललन. हेनरिक क्लासेन 30 गेंद पर तीन चौका आ सात छक्का उड़ावत 69 रन ठोकत भारतीय गेंदबाजन के हौंसला पस्त क दिहलें आ रहल सहल करसर डुमिनी पूरा क दिहलन. रीजा हेंड्रिक्स 26 रन आ फरहान बेहर्डियन नाबाद 16 रन
बनवलन.