BhojpuriDabang-ManojTiwari
मनोज तिवारी पहिला बेर सीसीएल में मैन आफ द मैच.
आदित्य ओझा बेस्ट एनरजेटिक प्लेयर आफ द मैच.

सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग के पहिला मैच काल्हु बंगाल टाइगर टीम से भइल जवना में टीम के कप्तान आ भोजपुरी फिलिमन के मेगास्टार अउर सांसद मनोज तिवारी, आदित्य ओझा अउर प्रवेश

लाल यादव के शानदार खेल का बदौलत भोजपुरी दंबग सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग के सीजन सिक्स के अपना पहिला मैच में बंगाल टाईगर का 69 रन से हरा दिहलसि.

रेवांता डेवलपर्स प्रस्तुत अउर बीस करोड़ भोजपुरी भाषियन के आपन क्रिकेट टीम भोजपुरी दबंग के कप्तान मनोज तिवारी के मैन आफ द मैच घोषित कइल गइल. चार साल से सीसीएल में

उतरत भोजपुरी दबंग के कप्तान मनोज तिवारी के पहिला बेर ई गौरव मिलल बा. एह मैच में भोजपुरी दबंग के खिलाड़ीआदित्य ओझा और अउर प्रवेश लाल यादव हमेशा का तरह रनन के

बरखा करा दिहलें. दुनू जने हाफ सेंचुरी बनवलें. आदित्य ओझा के बेस्ट एनरजेटिक प्लेयर आफ द मैच के सम्मान दिहल गइल.

मैच में टॉस जीत के भोजपुरी दबंग पहिले बल्लेबाजी करे उतरल आ कप्तान मनोज तिवारी के फैसला बिल्कुल सही रहल. भोजपुरी दबंग के खिलाड़ी शानदार खेल खेलत 218 रन बनवलें.

बाद में खेले उतरल बंगाल टाईगर 149 रन बना के आउट हो गइल. आ ओकी 69 रन से हार हो गइल.

भोजपुरी दबंग के कप्तान मनोज तिवारी 66 रन, आदित्य ओझा 64 रन, प्रवेश लाल यादव 55 रन, आ उदय तिवारी 28 रन बनवलें. गेंदबाजी करत आदित्य ओझा बंगाल टाईगर के 2 गो विकेट

चटका के मैच भोजपुरी दंबग का कब्जा में ले आ दिहलें. प्रवेश लाल यादव, विक्रांत अउर अकबरो एक एक विकेट चटकवलें.

काल्हु अतवार का दिने ई मैच बैंगलुरु के चिन्ना स्वामी स्टेडियम में भइल आ एकर सीधा प्रसारण बिग मैजिक के गंगा चैनल पर कइल गइल. भोजपुरी दबंग के ब्रांड अम्बेसडर आम्रपाली दूबे,

अंजना सिंह अउर शुभी शर्मा अपना टीम के खूबे हौसला बढ़वली लोग.

भोजपुरी दबंग के अगिला मैच 30 जनवरी के अहमदाबाद के सरदार पटेल स्टेडियम में होखी जहां एकर भिड़न्त पंजाब दॉ शेर टीम से होखी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: