गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के विनेश फोगाट (50 किग्रा) आ सुमित (125 किग्रा) आजु गज़ब के प्रदर्शन करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के दसवां दिने शनिचर के स्वर्ण पदक जीत लिहलें जबकि ओलंपिक कांस्य पदक विजेता साक्षी मलिक (62 किग्रा) आ सोमवीर (86) के कांस्य पदक से संतोष करे के पड़ल.
विनेश आ सुमित के स्वर्ण पदकन से गोल्ड कोस्ट में भारत के कुश्ती के स्वर्ण पदकन के गिनिती पांच हो गइल बा. पिछलके बेरा ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन के कुश्ती में भारत के पांचे स्वर्ण पदक मिलल रहुवे.
भारत आबकी का कुश्ती में आपन अभियान पांच गो स्वर्ण, तीन गो रजत आ चार गो कांस्य समेत कुल मिला के 12 पदक जीत के खतम कइलसि. सोमवीर एह खेल में भारत के कुश्ती के आखिरी पदक दिअवलन.
राष्ट्रमंडल कुश्ती के तिसरका आ आखिरी दिने सुमित भारत के पहिला स्वर्ण दिअवले. महाबली सतपाल के शिष्य आ भारत केसरी सुमित के वर्ग में छह से कम पहलवान होखला का चलते एकरा के नार्डिक सिस्टम से खेलल गइल जवना में हर पहलवान सगरी पहलवानन से मुकाबला करेला आ जीत के हिसाब से क्लासिफिकेशन अंक मिलेला. सुमित अपना पहिला मैच में कैमरून के क्लॉड एमबियांगा के हरवलें. एह मैच में विपक्षी पहलवान के चोटिल होखला का चलते आसान जीत आ पांच गो अंक मिल गइल. दुसरका मैच में कनाडा के कोरी जार्विस के 6-4 से हराके सुमित तीन गो अंक हासिल कइलें.