बियफे का दिने भइल मैच में श्रीलंका के टीम शानदार खेल खेलत बीसीसीआई के टीम के हरा दिहलसि. आ एकरा साथही एगो चक्रो पूरा हो गइल. बीसीसीआई के टीम पाकिस्तान के हरवलसि, पाकिस्तान के टीम दक्खिन अफ्रीका टीम के, दक्खिन अफ्रीका टीम श्रीलंका के आ अब श्रीलंका टीम बीसीसीआई के टीम के हरा के ई चक्र पूरा क दिहलसि. इहे देखावत बा कि क्रिकेट का खेल में कवनो खेला हो सकेला. पता ना ई खेल ह कि नूरा कुश्ती.
वइसे आजु बीसीसीआई के टीम का हार प श्रीलंको ले खुश रहले पाकिस्तनिया. आ ट्वीटर प जमके आपन खुशी जतावत बाड़ें स.
आजु बीसीसीआई के टीम छह विकेट का नुकसान प 321 रन बनवले रहुवे जवना का जबाब में श्रीलंका के टीम 8 गेंद बाचले रहत में लक्ष्य पार क गइल.
चैंपियंस ट्रॉफी के ग्रुप ‘बी’ के चारों टीम एक एक मैच हार के बरोबरी प बाड़ें आ अब बाकी के मैचन के रोमांच बढ़ि गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d