बाला साहेब ठाकरे के जन्मदिन पर अपना के कट्टर हिंदूवादी कहे बतावे वाली शिव सेना भाजपा गठबन्हन से अलगा होखे के फैसला कर लिहलसि। अब बाला साहेब के पोता आ उद्धव ठाकरे के बेटा आदित्य ठाकरे का हिसाब से चल करी शिवसेना आ लोकसभा अउर विधान सभा के चुनाव अकेले लड़ी। एह फैसला का बावजूद मौजूदा महाराष्ट्र सरकार आ केंद्र सरकार से बाहर ना निकली शिवसेना आ जब ले कड़ाही में मलाई बा तब ले चाटत रही।
मध्य प्रदेश आ राजस्थान सरकारन के अर्जी दुत्कारत सुप्रीम कोर्ट कह दिहलसि कि ऊ अपना। फैसला पर दुबारा ना सोची आ ई दुनु राज्य सरकार कानून व्यवस्था बहाल कर में लागसु। जान जाईं कि पद्मावत फिलिम में रानी पद्मावती के चरित्र चित्रण गलत होखला से बहते राजपूत नाराज बाड़ें।
मैनपुरी से नेता जी आ कन्नौज लोकसभा सीट से हम लड़ब – सोमार का दिने कहलन यूपी के मुख्यमंत्री रहल आ समाजवादी गोल के अध्यक्ष अखिलेश यादव. ओने अपना भतीजा से नाराज अखिलेश के चाचा आपन जनमदिन सोमार का दिने मनावत कहलन कि ऊ मुलायम का साथे रहलन, बाड़ें, आ बनल रहीहें.
अतवार का राते मिर्जापुर जिला के अहरौरा इलाका के एगो गाँव के मजदूर परिवार के दुसरी क्लास में पढ़े वाली बच्ची से ओकरे पड़ोस में रहे वाला नउवीं क्लास में पढ़े वाला लड़िका जबरिया कुकर्म करि के भाग गइल बा. लईकी का महतारी का शिकायत प केस दर्ज क के पुलिस ओह अनेरिया के खोजत बिया.
आजमगढ़ मंडल जेल के कैदी रक्षक के कुछ बदमाश सोमार का दिने गोली मार दिहलें. नाजुक हालत में एह कैदी रक्षक के ट्रामा सेंटर में भरती करावल गइल बा.
सोमार का दिने सासाराम जिला के राजपुर इलाका में सियावक का नियरा पिकअप पलटला से बंदोली गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल.
बक्सर जिला के डुमराँव का नियरा भइल दू गो आटो रिक्शन का टक्कर में एक आदमी के मौत हो गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइल बाड़न.
बिहार में बिजली विभाग तय कइले बा कि जे हर महीना आपन बिल भुगतान ना करी ओकर लाइन काट दीहल जाई आ जोड़े से पहिले भुगतान का साथे दू सौ रुपिया के जुर्मानो लीहल जाई.