अमेरिका के राष्ट्रपति आजु सबेरे अपना ट्वीटन से एक बेर फेरु अमेरिका में मुसलमानन के घुसे से रोके खातिर आपन ट्रैवल बैन प अड़ गइलन. कहलन कि अदालत पालितिकली करेक्ट फैसला देबे के कोशिश मत करो. अपना जस्टिसो डिपार्टमेंट के निशाना प लेत ट्रम्प कहलन कि ओकरा असली ट्रैवल बैन वाला दस्तावेज अदालत में पेश करे के चाहीं ना कि ओकरा के कमजोर तरीका से पेश करे वाला वाटर्ड डाउन संस्करण.

ट्रैवल बैन के मामिला अमेरिका के अदालतन में चल रहल बा आ ट्रम्प अब एकरा के अमेरिका के सुप्रीम कोर्ट में ले जाइल चाहत बाड़न. चाहत बाड़न कि अदालत एह प जल्दी से जल्दी आपन फैसला सुनावे. अदालत के पोलिटिकली करेक्ट होखे के कोशिश ना करे के चाहीं.

डोनल्ड ट्रंप के कहना बा कि ऊ चाहत बाड़न कि अमिराका में नीमने लोग आ पावे जेहले कि देश आ देश के लोग सुरक्षित रह पावे. राष्ट्रपति बनला का तुरते बाद ट्रम्प 7 गो मुस्लिम देशन के लोग प राक लगा दीहले रहलन कि ऊ लोग अमेरिका में ना आ पावे. बाकिर हिन्दुस्ताने का तरह अमेरिको में एगो अइसन जमात सक्रिय बा जे देश हित प देसरा बातन के भारी मानेला.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: