लखनऊ 12 अप्रैल. उत्तर प्रदेश विधान परिषद के 13 सीटन ला होखे जा रहल चुनाव में बहुजन समाज पार्टी के उमीदवार भीमराव अंबेडकर बियफे का दिने आपन परचा दाखिल करा के सबले पहिला उमीदवार बन गइलन.
राज्यसभा चुनाव हार चुकल अंबेडकर के जीत समाजवादी गोल के भोटे का सहारे हो सकेला आ बुधे का दिने समाजवादी गोल इनका के आपन समर्थन करे के एलान कर दिहले रहुवे.
विधान परिषद के 13 गो सदस्यन के कार्यकाल पांच मई के पूरा होखे वाला बा आ चुनाव आयोग ओकरा से पहिलही एह सीटन ला 26 अप्रैल के भोटिंग करावल तय कइले बावे.
परचा 16 अप्रैल ले दाखिल करावल जा सकी आ 17 अप्रैल के एकर जाँच होखी. अगर तेरह गो से अधिका उमीदवारन के परचा सही मिलल का केहु नाम वापिस ना लीहल जबहिएं भोट करावे के जरुरत पड़ी. अगर तेरहे गो परचा रह गइल त सभे अइसहीं चुनाइल घोषित हो जइहें.
भाजपा एह बारे में अबहीं ले आपन पत्ता नइखे खोलले. एह चुनावी घमासान में भाजपा के आसानी से 11 सीट पर जीत मिल सकेला आ एक एक गो सीट तब सपा आ बसपा के मिल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: