यूपी सरकार अपना पीसीएस परीक्षा में शामिल होखे के अधिकतम उमिर बढ़ा के चालीस साल ले कर दिहले बिया. कम से कम उमिर में कवनो बदलाव नइखे भइल आ परीक्षा दिहला के कवनो सीमा ना होखला का चलते कवनो परीक्षार्थी उनतीस बेर ले एह परीक्षा में शामिल हो सकेला. पहिले ई सीमा पैंतीस साल के रहुवे. अब उमिर के एह खेल में साथ ही बहाल भइल दू गो लोग के उमिर में अठारह उनइस साल के फरक हो सकेला जवना से कुछ व्यावहारिक कठीनाई हो सकेले. आयोग के एह राय के सरकार अनदेखी कर दिहलसि. सरकार के ई फैसला तत्काल प्रभाव से लागू हो गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d