आजु मंगल का दिने यूपी के कद्दावर नेता आ मंत्री आजम खाँ के इस्तीफा के खबर जोर पकड़ लिहलसि. बतावल जात बा कि मुलायम सिंह से बहस कइला का बाद आजम खाँ इस्तीफा दे दिहलन. एह खबर के ना त सकारल जात बा ना ही नकारल. बतावल जात बा कि आजम खाँ चाहत बाड़न कि मुलायम सिंह अपना ओर से पहल क के फेरू लालू आ नीतीश से समझौता कर लेसु आ एगो बड़हन महागठबन्हन के तइयारी कइल जाव.
राजनीति में कुछऊ हो सकेला. अगर एह बात के मानल जाव त यूपी में एगो नया तरह के गठबन्हन के सुगबुगाहट शुरु हो गइल बा. सपा आ बसपा के मेल संभव नइखे लउकत बाकिर बसपा आ कांग्रेस के गठबन्हन एगो बड़हन संभावना बन गइल बा देश के मौजूदा राजनीतिक हालात में. अइसनका में अगर आजम खाँ बगावत क के अपना साथे सपा के एगो मजगर टुकड़ा बाहर निकाल ले जा सकसु त दलित, मुसलमान, आ ईसाई महागठबन्हन के सूरत नजर आ सकेला.
एहसे जब ले एह खबर के अफवाह नइखे बता दीहल जात तबले एह पर नजर रखला के जरूरत बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: