आजु बुध का दिने एगो इतिहास बनावत सुप्रीम कोर्ट यूपी के लोकायुक्त बहाल क दिहलसि आ अब रिटायर्ड जज वीरेंद्र सिंह यूपी के लोकायुक्त हो गइल बाड़ें. जान जाईं जे पिछला एक बरीस से बार बार कहला का बावजूद यूपी सरकार कवनो ना कवनो बहाना से लोकायुक्त के बहाली टारत रहुवे.
सुप्रीम कोर्ट एकरा बाद 16 दिसंबर तक के समय सीमा दिहले रहुवे बाकिर तबहियों काल्हु रात बोलावल चयन समिति के बइठक बेनतीजा रह गइल आ पाँच घंटा के मथकुच्चन का बादो कवनो नाम पर सहमित ना बन पावल. एह चयन समिति में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, इलाहाबाद हाई कोर्ट के चीफ जस्टिस डी. वाई. चंद्रचूड आ विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य शामिल बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: