(बियफे, 1 दिसंबर)

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय फैसला दिहले बा कि स्थानीय निकायन के कार्यकाल ओकरा अध्यक्ष के शपथ दिअवला का दिन से गिनल जाई. एह बारे में एगो याचिका में कहल गइल रहे कि कार्यकाल पहिला बईठक का दिन से गिनल जाव. अदालत ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि.
  • राज्य सरकार सगरी विश्वविद्यालयन के निर्देश दिहले बिया कि बीएड के पहिले के सत्र के प्रायोगिक परीक्षा दस दिसम्बर ले हर हाल में पूरा करा लिहल जाव आ पन्द्रह तारीख ले परिणाम निकाल दिहल जाव.
  • जौनपुर जिला में मढ़ी गाँव के एगो औरत अपना दस महीना का बेटा का साथे बीरीबारी गाँव का नियरा रेलगाड़ी का सोझा कूद के जान दिहलसि.
  • बसपा आजु के भारत बंद के समर्थन करे के एलान करत कहले बिया कि खुदरा व्यापार में विदेशी निवेश से छोटका व्यापारी, किसान, आम आदमी सभे के नुकसान झेले के पड़ी. सपा आ भाजपो एह बंद के समर्थन कइले बावे लोग.
  • प्रदेश के विज्ञान आ प्रोद्योगिकी मंत्री अब्दुल मन्नान का खिलाफ जाँच खातिर लोकायुक्त विशेष टीम बनवले बाड़े. खेल मंत्री अयोध्या प्रसाद पाल आ पर्यटन मंत्री विनोद सिंह के नोटिस जारी कर के भठियरपन के आरोप पर जबाब माँगल गइल बा. लोकायुक्त का चलते अबले राजेश त्रिपाठी, रंगनाथ मिश्रा, अवधपाल सिंह यादव आ बादशाह सिंह के मंत्री पद से हटावल जा चुकल बा. रतन लाल अहिरवार के हटावे के संस्तुति लोकपाल कइले बाड़न.
  • दू बेर गाजीपुर के सांसद रहल जैनुल बशर के निधन बनारस के एगो अस्पताल में मंगल का दिने हो गइल जवना काबाद काल्हु मउ पारा में उनुकर अंतिम संस्कार कर दिहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up