(बियफे, 8 दिसंबर)

  • झारखंड में कोयला किंग कहाये वाला सुरेश सिंह के बुध का रात गैंगवार में हत्या कर दिहल गइल. पन्द्रह साल से कोयला के कारोबार पर वर्चस्व बनवले सुरश सिंह के भतीजी के शादी बलिया के विधानपार्षद रविशंकर सिहं उर्फ पप्पू सिंह के भाई से भइल बा, एह नाते सुरेश सिंह के संबंध बलिया आ पूर्वांचलो से रहे. बलिया के मशहूर सूरजदेव सिंह कबो झरिया में कोयला के राजा रहलें. उनुका बेटा के मरवावे में सूरेश सिंह के नाम लिहल जात रहे. बाद में सूरजदेव सिंह के सूरज डुबल आ सुरेश सिंह कोयुला कारोबार में चमक उठलें. उनुका विरोधियन के एक एक करके हत्या होत गइल. हाल में मऊ में गजेन्द्र सिंह के हत्या एही गैंगवार में भइल रहे. अब फेर अनेसा बा कि कोयलांचल में गैंगवार फेर फफना उठी.
  • बलिया में मकान मालिक के राजस्व बकाया ओकरा किरायादार से वसूले के समाचार मिलल बा. तिखमपुर के सुशील चौबे पर आबकारी विभाग के एगारह लाख रुपिया बकाया वसूली खातिर काल्हु अधिकारी छापा मरलें आ बाद में उनुका मकान में मरीज राखे वाला डाक्टर से करीब तीन लाख रुपिया वसूलल गइल.
  • कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह का खिलाफ दायर जनहित याचिका के इलाहाबाद उच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि. एह याचिका में उनुकर पायलट के लाइसेंस रद्द करे के आ उनुका आचरण के जाँच करावे के माँग कइल रहे.
  • ‘3 साल में बुंदेलखंड पैकेज के मात्र एगारहे फीसदी खर्चा कर पवलसि मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश के सरकार.
  • सरकार बनल त अपना कार्यकर्तन के भरपूर सम्मान देबे के वादा कइलन मुलायम सिंह यादव.
  • मायावती आ उनुका भाई आनन्द कुमार के कारनामा के केन्द्र सरकार से जांच करवावे के माँग कइले बाड़ी उमा भारती.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d