(शुक, 30 दिसंबर)
- विधानसभा चुनाव से पहिले मायावती शुक का दिने अपना चार गो अउरी मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहली. अबही ले करीब डेढ़ दर्जन मंत्रियन के या त बरखास्त कर दिहल गइल बा भा ऊ लोग त्याग पत्र दे दिहले बा. आजु एगो अउरी मंत्री ददन मिश्रा इस्तीफा दे दिहलन. मुलायम के कहना बा कि जवन मंत्री कम हिस्सा देत बा ओकरा के हटावत बाड़ी मायावती.
- मायावती अपना पार्टी से नरेश अग्रवाल आ उनुका बेटा के शुक का दिने निकाल दिहली. बाद में राज्यसभा सांसद नरेश अग्रवाल दू गो बसपा विधायकन के ले के समाजवादी पार्टी में शामिल हो गइलें जहाँ से निकल के ऊ कबो बसपा में गइल रहले. नरेश अग्रवाल कांग्रेस आ लोकतांत्रिको कांग्रेस में रह चुकल बाड़न.
- अबकी वोटर स्लिप चहुँपावे के काम बूथ लेवल अधिकारी के रही. ओह लोग से कहल गइल बा कि हर वोटर के घरे जा के वोटर स्लिप चहुँपा देव जवना पर बूथ के जगहा आ नंबर आ ओह वोटर के नंबर लिखल रही.
- इलाहाबाद के माघ मेला नौ जनवरी के पूस के पुर्णिमा का दिने शुरू हो जाई आ एक महीना से बेसी ले चली. मेला के एक हजार चार सौ साठ बिगहा जमीन पर बसावल जाई. माघ मेला के खास तिथियन में नौ जनवरी के पूस पुर्णिमा, चौदह आ पंद्रह जनवरी के खिचड़ी भा मकर संक्रांति, अठाइस जनवरी के वसंत पंचमी, सात फरवरी के माघी पूर्णिमा आ बीस फरवरी के महाशिवरात्रि पड़ी.
- बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के प्राध्यापक डॉक्टर के.एन. सिंह के रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय के कुलपति बनावल गइल बा.
- विधानसभा चुनाव के टिकट बंटवारा में धांधली के आरोप लगावल लखनऊ के एगो कांग्रेसी नेता आ टिकट के दावेदार पार्टी मुख्यालय पर बियफे का दिने धरना दिहलसि.
- भाजपा के आरोप बा कि कुछ अधिकारी भय के माहौल बनाके बसपा का पक्ष में चुनाव करावल चाहत बाड़े. कहलसि कि ओह लोग के हटावल जाव.
- उप्र में राष्ट्रीय लोकमंच अपना 9 उम्मीदवारन के घोषणा कइलसि.
- जौनपुर जिला में कुछ डकैत बुध का दिने पटना जात श्रमजीवी एक्सप्रेस में एगो साधारण डिब्बा के सवारियन के लूट लिहलन आ जे विरोध कइले ओकरा के मरबो पिटबो कइले.