वाराणसी में चलत सेना बहाली रैली में फर्जी प्रवेश पत्र बनवा के घुसल दू गो नवहियन से जब कागज माँगल गइल त बैग ले के आवे के बात कह के दुनू ओहिजा से सरक लिहलें आ आगा जा के भाग परइलें. बाकिर धरा गइल ओहनी के ऊ दोस्त जवना के प्रवेश पत्र के फोटोकॉपी करा के दुनू घुसल रहलें.
आजमगढ़ के राजकुमार यादव के प्रवेश पत्र पर तीन गो नवही घुस अइलें. दौड़ करे ला नेम बोलावल गइल त तीन गो नवही सोझा आ गइलें. कागज देखल गइल त तीनो पर एके नाम रहुवे. दू गो फर्जीवाला त भाग परइलें बाकिर जवना के कागज के फोटोकॉपी करा के ऊ घुसल रहले सँ ओकरो के निकाल बाहर क दीहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d