बुध का दिने रुक रुक के होखत बरखा बूनी का बावजूद बलिया टीडी कॉलेज के मनोरंजन हॉल में बलिया भर के छात्रनेता लोगन के जुयान भइल. एहिजा पुरनिया होखत गइला का बावजूद छात्रनेता बनल रहेवाला आ पूर्वांचल छात्रसंघर्ष समिति के संयोजक नागेन्द्र सिंह झुन्नू का अगिअई में सरकार से मांग कइल गइल कि एही साल से कुलपति बहाल क के बलिया के चन्द्रशेखर विश्वविद्यालय शुरु करा दीहल जाव.
एह छात्र लोग के चिन्ता बा कि निर्माण ला घन जारी हो गइला का बावजूद अब ले काम शुरु नइखे भइल. एह चलते लागत बा कि कहीं ई महज एलाने बनि के मत रहि जाव.
एह समारोह के अध्यक्षता तीन जने मंडल बना के कइलें. एह अध्यक्ष मंडल में विवेक पाठक, दिलीप सिंह आ नितेश सिंह शामिल रहलन. मानवेन्द्र विक्रम सिंह के लगातार तिसरका साल बलिया जिला छात्र संघर्ष समिति के संयोजक चुनल गइल.