भाजपा नेता सुब्रह्मण्यम स्वामी आजु बुध का दिने पत्रकारन के संबोधित करत कहलन कि एही साल के आखिर ले अयोध्या में राम मंदिर बनावे के काम शुरू हो जाई. कहलन कि शनिचर का दिने 9 जनवरी के दिल्ली में बोलावल एगो सम्मेलन में एकर एलान क दीहल जाई.
सुब्रह्मण्यम स्वामी इहो बतवलन कि ई काम जबरदस्ती ना करा के अदालत के आदेश का बाद आ सभका सहमति से करावल जाई.