(प्रतीक फोटो)

गोण्डा 30 मार्च (वार्ता ). गोण्डा के कौड़िया इलाका में अपना ससुरारी आइल एगो नवही के लाश सड़क किनारे फेंकल मिलल.
पुलिस से पता चलल बा कि रामापुर गांव के 21 बरीस उमिर के निरहु अपना ससुरारी तिलका चांदी थाना कटरा बाजार गइल रहुवे. वापिस ना लवटला पर ओकरा घर के लोग ओकरा खोजाई में निकलल त बहुते खोजला पर ओकर लाश एगो झाड़ी में पड़ल मिलल.
पुलिस मौत को कारण जाने ला लाश पोस्टमार्टम करे ला भेजले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: