गोमती नगर हाल्ट अब क्रासिंग रेलवे स्टेशन बन गइल

लखनऊ. 04 जनवरी (वार्ता) लखनऊ के उपनगर गोमती नगर के टीसन के अब हाल्ट से बदल के क्रासिंग रेलवे स्टेशन बना दीहल गइल बा. एकरा खातिर नान इंटरलाकिंग, तीनो पटरियन के जोड़े के सिंग्निलिंग के साथ ही बिजली के काम पूरा कर हो गइल बा. प्लेटफार्म नंबर एक से दू आ तीन के जोड़े वाला फुटओवर ब्रिज बनावे के काम तेजी से होखत बा.

गोमतीनगर मे अधिकतर आबादी पूर्वांचल के लोगन के बा. बतावल जात बा कि अब गोमती नगर स्टेशन से होकर गोरखपुर यशवन्तपुर, गोरखपुर इंटरसिटी, वैशाली एक्सप्रेस, गोरखधाम एक्सप्रेस, बाघ एक्सप्रेस, लखनऊ बरौनी एक्सप्रेस, राप्ती सागर एक्सप्रेस, गोरखपुर ओखा एक्सप्रेस, आ कृषक एक्सप्रेस में से कुछ ट्रेनन के ठहराव गोमती नगर प होखे लागी. एह से अब लोग के चारबाग स्टेशन जाए के मजबूरी ना रही.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up