(प्रतीक फोटो)

गोरखपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). कैम्पियरगंज इलाका के महावनखार का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से बस पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे.
पुलिस आजु बतवलसि कि काल्हु देर राति एगो निजी बस सिध्दार्थनगर से सवारी लेके गोरखपुर आवत रहुवे जब महावनखार का लगो गोरखपुर से जात ट्रक से ओकर आमने सामने के टक्कर हो गइल. एकरा बाद बस बेकाबू हो के पलट गइल आ गोरखनाथ इलाका के स्कंद त्रिपाठी (22 बरीस) अउर सिध्दार्थनगर के दीपक (23 बरीस) के ओहिजे मौत हो गइल. दू दर्जन घवाहिल सवारियन के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज आ कुछ नर्सिंग होमन में भरती करावल गइल बा. एह घवाहिलन में शामिल पीपीगंज थाना में तैनात एगो सिपाही समेत सात जने के हालत नाजुक बा.
हादसा का बाद फरार हो गइल ट्रक चालक के खोजल जा रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: