आजु लखनऊ में भाजपा के घोषणा पत्र जारी करत भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह दावा कइलन की यूपी में भाजपा दू तिहाई बहुमत ले के सरकार बनाई। कहलन की भाजपा सरकार में कवनो जाति से बेईमानी ना होखी आ सभका साथे समान आ बढ़िया बेवहार होखी। अबहिन नौकरी देबे में, लैपटॉप बनते में, भ थाना में केस लिखे से पहिले जवन जाति देखाला तवन भाजपा सरकार में ना देखे के मिली।
भाजपा के वादा बा कि संविधान का दायरा में रहत अयोध्या में राम मंदिर बनवावल जाई। यूपी में दस गो शानदार आ विश्व स्तर के विश्वविद्यालय खोलल जाई। पुलिस में खाली पड़ल जगह भरल जाई। एह घोषणापत्र के खास बाति –
किसानी –
छोटहन खेत मालिकन के करजा माफी,
नया करजा बिना सूद के,
सरकार बनला का चार महीना का भितरे कुल 6000 करोड़ के करजा माफ होखी,
आ 150 करोड़ के कोष बनावल जाई किसानी के बढ़ावे खाति.
कानून-व्यवस्था –
जाति आ मजहब का आधार पर भेदभाव कइले बिना 24 घंटा का भीतर केस लिखाई,
पेरोल पर निकलल कैदियन के नियमभंक कइला पर फेरु गिरफ्तार क लीहल जाई,
अपराध के जानकारी पवला का 15 मिनट भितरे पुलिस मौका-ए-वारदात पर चहुँप जाई,
भू माफिया आ खनन माफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावल जाई.
पढ़ाई –
नवहियन के लैपटॉप आ नेट सेवा,
सगरी लईकियन के ग्रेजुएशन ले मुफ्त शिक्षा,
50 फीसदी से अघाका नम्बर पाए वाला विद्यार्थियन के आगे के पढ़ाई बिना फीस के,
नागरिक सेवा –
गरीब कल्याण कार्ड,
छह लाख के करजा घर बनावे ला,
बिजली पानी के चार्ज में छूट,
हर घर के 24 घंटा बिजली,
घर घर ले साफ पिए जोग पानी,
घर घर ला शौचालय,
लखनऊ आ नोएडा मेट्रो के काम में तेजी.
महिला हित –
महिला सुरक्षा ला स्पेशल टास्क फोर्स,
महिला हित ला 100 फास्ट ट्रैक कोर्ट,
हर कॉलेज का नियरा छेड़खानीरोधी सेल,
विधवा पेंशन में बढोतरी.
स्वास्थ्य सेवा –
15 मिनट में चहुँपी 108 एम्बुलेन्स,
राज्य में 25 गो नया मेडिकल कॉलेज आ सुपर स्पेस्लिटी अस्पताल,
राज्य में छह गो एम्स जइसन अस्पताल.